हम अइना हर आँगन क

KamleshRai

– डा॰ कमलेश राय

हम अइना हर आँगन क हर चेहरा के रखवार हईं
राख सहेज त एगो हम, तोरऽ त कई हजार हईं.
हिय में सनेह से राखी लां
दुख के पीड़ा सुख के उछाह
निरखी ला रोज थिर रहि के,
जिनिगी के सगरी धूप छाँह.
छन में अधरन के मीठ हँसी,
खन में अँसुअन के धार हईं.
हम अइना हर आँगन क हर चेहरा के रखवार हईं.

हर घरी समय के सांच बदे
हमहीं साखी, हमहीं नजीर,
हमके काशी काबा से का,
सगरे युग के हमहीं कबीर.
पहिचान जोगाईं ला सभकर,
अँखियन के हम उजियार हईं,
हम अइना हर आँगन क हर चेहरा के रखवार हईं

हम सभकर रूप रंग बाकिर,
ना रंग रूप कवनो हमार.
हमके निहारी के सिरजन के,
हर सूरत के सँवरे सिंगार.
हम सूरुज के निर्छल अँजोर,
सबका मन के एतबार हईं.
हम अइना हर आँगन क हर चेहरा के रखवार हईं

1 Comment

  1. amritanshuom

    सुन्दर आ उम्दा रचना बा .

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।