हे ! नाग देवता पालागी !

33a– जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

आस्तीन में पलिहा  बढ़िहs

मनही मन परिभाषा गढ़िहs

कुछो जमइहा कबों उखरिहा

गारी  सीकमभर  उचारिहs

हे ! नाग देवता पालागी !

 

हरदम  तोसे नेह  देवता

बसिहा  एही  गेह  देवता

नीको नेवर बुझिया भलहीं

डसिहा  एही  देह  देवता

हे ! नाग देवता पालागी !

 

केकर मितई  कइसे जानब

दुसमन के कइसे पहिचानब

बिजुरी  के  छूवब जे कबहूँ

तोसे बेसी  फन हम तानब

हे ! नाग देवता पालागी !

 

छोछर कुल अभिमान देवता

हेराइल   सनमान   देवता

अकडू से  उकडूं  तू भइलs

अइसन तू  भगमान  देवता

हे ! नाग देवता पालागी !

2 Comments

  1. अंशुमान शाक्य

    हर समाज में अइसन लोग ढेर भरल बा

  2. raxitdave

    SEND ME IN HINDI



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।