होली मिलन समारोह

आई एन ए कालोनी

आई एन ए कालोनी भोजपुरी समाज शाखा के तत्वाधान में पिछला २७ मार्च के होली मिलन समारोह आयोजित भइल जवना में भोजपुरी के पारंपरिक सांस्कृतिक गीत गायन, सांस्कृतिक कार्यक्रम आ कविता पाठ का साथ साथ सरस्वती पूजा का समय आयोजित प्रतियोगिता के विजेतन के पुरस्कार बाँटल गइल.

कार्यक्रम के मुख्य अतिथि भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण के उत्तरी क्षेत्रके कार्यपालक निदेशक पी॰अनिल कुमार रहलें. उपस्थित गणमान्य लोगन में पूर्वांचल सेवा समिति (नेताजी नगर) के अध्‍यक्ष पशुपति सिंह अउर उनका कार्यकारिणी के सदस्‍य, आर.डब्‍ल्‍यू.ए.,आई.एन.ए.कॉलोनी के महासचिव आलम सिंह, पत्रकार मुन्‍ना पाठक, आई एन ए कालोनी भोजपुरी समाज के अध्यक्ष विनोद कुमार त्रिपाठी,रामजीत साह(कोषाध्यक्ष), बनारसी त्रिपाठी (सचिव), शैलेश कुमार(उपाध्यक्ष), राजन पाण्‍डेय (उपाध्यक्ष), देवकांत पांडेय (सांस्कृतिक सचिव), कार्यकारिणी सदस्‍यगण हसमुददीन, के.के.प्रजापति, रामसुमेर यादव, अजय दूबे, मनीष कुमार, अरविन्‍द मेहता, मंगल सिंह, चंद्रमणि पांडेय, दिनेश कुमार, श्याम ठाकुर, शंकर साह, बबीता झा, रंजना भूषण वगैरह लोग शामिल रहे.

अंतरप्रांतीय भोजपुरी समाज, दिल्ली

अंतरप्रांतीय भोजपुरी समाज दिल्ली पिछला महीना स्पीकर हॉल, बी.पी. हाउस में बहुते धूम धाम से होली मिलन समारोह आयोजित कइलस जवना के सांस्कृतिक कार्यक्रम में सीमा तिवारी पारंपरिक फगुआ “अइले ससुरार राधिका के सांवर सजनवा” अउर “खेलऽ सखी रंग अबीर” जइसन गीतन से कई प्रदेशन से आइल भोजपुरियन के खूब मनोरंजन करवली.

समारोह के संरक्षक सांसद जय नारायण निषाद होली का मौका पर आपसी भाई चारा के सन्देश दिहले. की अध्यक्षता सुप्रीम कोर्ट के अधिवक्ता पी.सी. श्रीवास्तव कइले आ सांसद महाबल मिश्रा, सांसद नीरज शेखर, भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दुबे, वीर कुंवर सिंह फाउन्डेशन के अध्यक्ष निर्मल सिंह, एच.एन. शर्मा, राजकुमार बबलू, पंडित नरेन्द्र शर्मा, बी.इ.पासवान वगैरह अनेके लोग शामिल रहल.

कार्यक्रम के दौरान भोजपुरिया लोगन से राजनीति में बढ़ चढ़ के हिस्सा लेबे के अपीलो कइल गइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।