18 नवम्बर के रिलीज होखी रवि किशन की देवदास

शरत चंद्र चट्टोपाध्यायं के मशहूर उपन्यास देवदास पर बनल भोजपुरी फिल्म “हमार देवदास” 18 नवंबर से बिहार में रिलीज होखी. एह फिल्म के टाइटल भूमिका में रवि किशन, पारो बनल अक्षरा सिंह आ चंद्रमुखी के भूमिका में मोनालिसा बाड़ी.

फिल्म के शुरुआत फ्लैशबैक से होखत बा जब पारो (पार्वती) आ चंद्रमुखी अपना बुढ़ारी में देवदास के याद करत बाड़ी. फिल्म के दृश्य आ डायलॉग बहुते खूबसूरत तरीका से फिल्मावल गइल बा. “कोठी न रास आइल त हम कोठा के आसरा ले लेलीं..श्” जइसन डायलाग देखनिहारन के बहुते नीक लागी. गाना उदित नारायण, साधना सरगम आ सपना अवस्थी के मधुर आवाज में बाड़ी सँ.

“नदिया के पनिया में झांकेला सूरज देव” आ “जिनगी के बगिया में लागल रे चिनिरिया” जइसन गाना देखनिहार सुननिहारन के मन मोह ली. उपर से फिल्म के हर दृश्य जानदार बा. फिल्म के निर्देशक कहलन कि शरत चंद्र के जनम अपना ननिहाल बिहार के भागलपुर में भइल रहे. बकौल किरणकांत वर्मा एह फिल्म से भोजपुरी भाषा के प्रतिष्ठा अउरी बढ़ी.


( स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।