कुछ लोग जानतबूझत गलत आरोप लगावत बा संघ पर

रांची में चलावल गइल राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के अखिल भारतीय कार्यकारी मंडल के तीन दिना बइठक के आखिरी दिन आजु अतवार के सरकार्यवाह सुरेश भय्या जी जोशी मीडिया के बधाई दिहलन कि एह बइठक के गुणात्मक समाचार प्रकाशित के से समाज के सही संदेश दिहल लोग. कहलन कि संघ का लगे 90 बरीस के सामाजिक जीवन के अनुभव बा. संघ के काम के गुणात्मक नजरिया से देखला के जरूरत बा बाकिर एने कुछ समय से देश के कुछ लोग आ संगठन जानतबूझत गलत आरोप लगावत बा संघ पर आ हिन्दू समाज के कटघरा में खड़ा करे के कोशिश करत बा. एह तरह के कोशिश के निंदा होखे के चाहीं.

हर साल संघ के दू गो खास बइठक होले जवना में संघ के काम के समीक्षा कइल जाला. पहिलका बइठक मार्च में प्रतिनिधि सभा के होले आ दुसरका बइठक अक्तूबर-नवम्बर के बीच कार्यकारी मंडल के होले. कार्यकारी मंडल के अबकीओ के बइठक में हमनी का संघ कार्य के समीक्षा कइनी ह सँ. संघ कार्यकर्तन के लगातार कोशिश से पिछला दस बरीस में देश में संघ के 10500 नया शाखा बढ़ली ह सँ. अबहीं देश भर में संघ के कुल शाखा के गिनिती 50400 बा. एहमें से 91 फीसदी शाखा में चालीस बरीस से कम उमिर के लोग शामिल होला जबकि बाकी नौ फीसदी में उमिरदराज लोग. एह तरह से संघ के युवा शक्ति कहल जा सकेला.

भय्या जी जोशी बतवनी कि कुछ लोग के लागेला कि संघ एगो शहरी संगठन ह, जवन कि ह ना. अबहीं संघ के 60 फीसदी काम गाँवन में चलत बा आ महज 40 फीसदी शहरन में. देश के 90 फीसदी तहसीलन में संघ के कार्यकर्ता पहुंच चुकल बाड़ें. दस से बारह गाँव मिला के एगो मंडल बनेला संघ के आ देश के 53000 से अधिका मंडलन में से आधा में से अधिका में संघके काम चहुँप गइल बा. संघ के वेबसाइट का मार्फत साल 2012 में हर महीना एक हजार लोग संघ से जुड़त रहुवे जवन गिनिती अब हर महीना आठ हजार के हो गइल बा.

सरकार्यवाह बतवनी कि एह घरी संघ सेवा के क्षेत्र आ ग्रामीण विकास पर काम करत बा. आगे चल के जल प्रबंधन, जल संरक्षण आ जल संवर्धन पर काम करे के जरूरत महसूस होखत बा. अगिला योजनन में संघ एहपर काम करे के सोचले बा. केन्द्र सरकार के स्वच्छता अभियान के सराहत भय्याजी कहनी कि ई सराहे जोग काम बा आ एकरा के अउरी असरदार बनावे के जरूरत बा.
संघ, जल संरक्षण

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।