शराबबन्दी के नशा में डूबल बिहार सरकार

NitishKumar
नीतीश कुमार के शराबबन्दी करावे के नशा में सगरी सरकारो डूबल जात बिया. बिहार के उत्पाद अधिनियम में संशोधल क के अब सगरी अधिकारियन के उत्पाद अधिकारी वाला अधिकार दे दीहल गइल बा. अब से सगरी अधिकारी शराबबन्दी करावे का काम में लाग जइहें. दीवाली का मौका पर हाथे आइल एह गिफ्ट के पूरा इमानदारी से फायदा उठइहें अब सरकारी कर्मचारी. शराब बन्दी के पागल कानून का चलते लोक परलोक सगरी बिगड़ल जात बा. परिवारन के तूड़े के पूरा इन्तजाम करा दीहल गइल बा. कतहीं बाप अपना बेटा के गिरफ्तार करवावत बा त कतहीं मेहरारू अपना मरद के. धराइल लोग के नशा के आदत छूटी कि ना से त नइखे मातूम बाकिर परिवार के मोह टूटल तय बा.
बिहार में 96 गो आईटीआई बा जवना में से 31 गो में शिक्षके नइखन. सरकार के एह बात के चिन्ता नइखे. केस मुकदमा में अपराधियन का खिलाफ ढंग से काम ना होखला का चलते अदालतन से अपराधी जमानत लेके आराम से बाहर आ जात बाड़ें. शहाबुद्दीन पर हल्ला मच गइला का बाद ओकरा के त दुबारा जेल भेजवा दीहल गइल बाकिर सगरी अपराधियन का खिलाफ ना त ओतना हल्ला होखत बा ना सरकारी कोशिश. चारा घोटाला के अपराध में सजायाफ्ता मुजरिम से गलबहियां करे वाला सुशासन बाबू के मजबूरी बा कि जनता के धेयान कुछ दोसरा मुद्दा का तरफ भटका दीहल जाव. सरकार शराबबन्दी के यश लेत बिया आ अधिकारी मजा. चारा चोर गिरोह के गुर्गन के कमाई के राह खुल गइल तवन उपर से. अब किडनैपिंग आ रंगदारी के अपराध में लगला से बेसी फायदा शराब के तस्करी में होखे लागल बा. बीच बीच में कुछ ध पकड़ के नामो बना लीहल जात बा. पहिले भाड़ा पर जेल जाए वालन के तइयार करा के अवैध शराब के धंधा चलत रहुवे अब कुछ शराब बीच बीच में धरवा के शराब के तस्करी चलत बा.
एही क्रम में अब दू गो दवाइ.नो के नशा के दरजा दे दीहल गइल बा. कोडीन आ डेक्स्ट्रोप्रोपाक्सीफेन के घर में मिलला प घर वालन के उहे सजा मिली जवन शराब मिलला पर होखेला.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।