राहि केतनो चलीं हम, ओराते न बा

(भोजपुरी ग़ज़ल)

– शैलेंद्र असीम


तहरी अँखिया में पानी बुझाते न बा
पीर केतना सहीं हम, सहाते न बा

रोज चूवेले टुटही पलानी नियन
ई जिनिगिया के मड़ई छवाते न बा

उनके अँगुरी के मुनरी चनरमा भइल
हाथ केतनो बढ़ाईं, छुवाते न बा

कानि का उनका कहला में जादू रहल
बाति केतनो भुलाईं, भुलाते न बा

एक्को बड़की मछरिया न मीलल भले
घोलि एतना हिंडाइल, थिराते न बा

भागि हमरो बिधाता बनवले हवें
राहि केतनो चलीं हम, ओराते न बा

का कइल जां ‘असीम’ आस के नाइ में
छेद अइसन भइल की मुनाते न बा


शैलेन्द्र ‘असीम’
हाटा, कुशीनगर
फोन – 9450769908

1 Comment

  1. शैलेन्द्र 'असीम'

    बहुते आभार

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।