रोज-रोज काका टहल ओरियइहें !

(भोजपुरी गीत)

– डा. अशोक द्विवेदी

भीरि पड़ी केतनो, न कबों सिहरइहें..
रोज-रोज काका टहल ओरियइहें!

भोरहीं से संझा ले, हाड़ गली बहरी
जरसी छेदहिया लड़ेले सितलहरी
लागे जमराजो से, तनिक ना डेरइहें!
रोज-रोज काका टहल ओरियइहें!

गोरखुल गोड़वा क,रोज-रोज टभकी
दुख से दुखाइ सुख, एने-ओने भटकी
निनियों में अकर-बकर, रात भर बरइहें!
रोज-रोज काका, टहल ओरियइहे!

फूल-फर देख के, उतान होई छतिया
छिन भर चमकी सुफल मेहनतिया
फेरु सुख-सपना शहर चलि जइहें!
रोज-रोज काका टहल ओरियइहें!

छोटकी लउकिया, बथान चढ़ि बिहँसे
बिटिया सयान, मन माई के निहँसे
गउरा शिव कहिया ले भीरि निबुकइहें!
रोज-रोज काका, टहल ओरियइहें!

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।