चन्द्रशेखर एकहु दिन प्रधानमंत्री आवास में रात ना बितवलें


बलिया 17 अप्रैल. बिना कवनो गॉडफादर के राजनीति में बुलंदी हासिल करे वाला देश के अठवां प्रधानमंत्री चंद्रशेखर प्रधानमंत्र रहतो एको रात प्रधानमंत्री आवास में ना रुकलें. उनुका मालूम रहल कि प्रधामनंत्री के पद टेमपररी बा आ कहियो कांग्रेस आपन समर्थन वापिस ले के पद से हटवा सकेले. आ उनुकर अनेसा सहिए साबित भइल आगे चलि के.
ई बाति यूनीवार्ता से साझा कइलन स्व. चन्द्रशेखर के सहयोगी रहल समाजवादी नेता ओमप्रकाश श्रीवास्तव. आजु चन्द्रशेखर के 91वीं जयंती ह आ बलिया के लोग अपना दाढ़ी बाबा के जयन्ती मना रहल बा.
हालांकि एही बलिया के लोग साल 1984 में उनुका के हरवा दीहले रहे. एकरा बाद साल 1989 का चुनाव में चन्द्रशेखर बलिया का साथ ही पड़ोस के लोकसभाई सीट बिहार के सारण जिला के महाराजगंज सीट से चुनाव लड़लें आ दुनु जगह से जीत गइलें. ओकरा बाद ऊ महाराजगंज सीट छोड़ि दिहलन आ बलिये के सांसद रहि गइलन. अगर जे कहीं ऊ बलिया में मिलल हार याद क के बलिया सीट छोड़ि देतें त बिहार के किस्मत में एगो प्रधानमंत्री देबे के सौभाग्य बन जाइत.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।