भोजपुरी के अनदेखी पर कवि गोष्ठी में चिंता जाहिर भइल

बलिया के तिखमपुर में शंभुनाथ उपाध्याय का घरे भइल विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई का ओर से एगो कवि गोष्ठी भइल जवना में शिवजी पांडे रसराज, त्रिभुवन सिंह प्रीतम, शशि प्रेमदेव, डा॰ अशोक द्विवेदी, डा॰ शत्रुघ्न पांडेय, कन्हैया पांडे, हीरालाल हीरा, नवचंद तिवारी, डा॰ अमरनाथ शर्मा, विजय मिश्र वगैरह कवि लोग आपन रचना सुनावल. एह गोष्ठी में एह बात पर चिंता जाहिर कइल गइल कि भोजपुरी भाषा के ओकर हक नइखे दिहल जात आ ओकर अनदेखी करे में लागल बिया केन्द्र सरकार.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।