सुषमा स्वराज के सांसद चुनइला का खिलाफ

जबलपुर 23 अक्टूबर (वार्ता) मध्यप्रदेश उच्च न्यायालय भाजपा नेता सुषमा स्वराज के निर्वाचन के चुनौती देबे वाली एगो चुनाव याचिका पर एगो विवादित सीडी देखला का बाद आपन फैसला सुरक्षित राख लिहले बावे.

न्यायालय के कार्यवाहक मुख्य न्यायाधीश के.के. लाहौटी ने काल्हु दुनु फरीकन के मौजूदगी में करीब एक घंटा ले एगो सीडी देखलन.

न्यायालय के सीडी देख के तय करे के रहल कि नामांकन प्रक्रिया के दौरान दोपहर दू से चार का बीच विदिशा से कांग्रेस के उम्मीदवार राजकुमार पटेल के प्रस्तावक डा. प्रभुराम चौधरी फार्म ए जमा करे ला निर्वाचन अधिकारी के सोझा समु भितरे चहुँपल रहले कि ना.

याचिका करे वाला राजकुमार पटेल के कहना बा कि ऊ साल 2009 मे लोकसभा चुनाव मे कांग्रेस के उम्मीदवार रहले बाकिर उनकर नामांकन फार्म ए जमा ना भइला का चलते रद्द क दीहल रहे. उनकर आरोप बा कि जानबूझ के उनकर नामांकन निरस्त करावल गइल जवन कि गैर कानूनी बा.

बतावल जात बा कि उनकर फार्म ए ई कह के ना लिहल गइल कि समय खतम हो गइल बा आ तीन से अधिका हो गइल बा. जबकि पटेल के दाबा बा कि ऊ दू बज के छप्पन मिनिट पर निर्वाचक के कक्ष मे मौजूद रहले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।