कर्ज अदायगी में तीन महीना के राहत दिहलसि एचडीएफसी बैंक

कोरोना संकट का चलते आम आदमी के राहत देबे ला रिजर्व बैंक कहले रहुवे कि बैंक के कर्ज अदायगी में तीन महीना ले छूट दिहल जाई. ओकरा ला बैंक कर्जदारन के परेशान ना करी आ नाही ओह लोग के क्रेडिट साख खराब कइल जाई.

सरकारी बैंक त पहिलहीं एकर एलान क दिहले रहुवें. बाकिर आजु एचडीएफसी बैंको एह राहत के एलान क दिहलसि. जानल जरुरी बा एह राहत के शर्त का होखी आ के एह राहत से फायदा उठा सकी.

त जान लीं कि एहमे बस तीन महीना किश्त अदा ना करे के राहत मिलल बा आ एह दौरान सूद जोड़ात रही जवना के अदायगी बाद में करे के पड़ी. एहसे अगर रउरा सोझा मजबूरी नइखे, भा रउरा ई अदायगी कर सके जोग बानीं त नियमित अदायगी रउरे फायदा में रही. बाकिर अगर कोरोना संकट का चलते ठप्प भइल रोजी रोजगार का कारण रउऱा एह घरी कर्जा चुकावे जोग नइखीं तब एकर सहूलियत लीहल गलत ना कहाई.

हर तरह के रिटेल कर्जदार, छोटका आ मँझोला उद्यमी, किसान क्रेडिट, भा क्रेडिट कार्ड वाला लोग एह सुविधा के लाभ ले सकेला. अगर रउऱा मार्च के अदायगी क दिहले बानीं त आगे के दू महीना ला एकर सहूलियत ले सकीलें. बाकिर रउरा अपना बैंक शाखा में एकरा ला बतावे के पड़ी. ना बताएब त खाता से कटौती बदस्तूर जारी राखल जाई.

1 मार्च 2020 भा ओकरा बाद लीहल कर्जा पर एह तरह के राहत नइखे मिले वाला.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।