F 35 B : A Hot Potato On India’s Palm
आजुकाल्हु केरल के थिरुअनन्तपुरम हवाई अड्डा पर उतरल भा उतारल गइल अमेरिकी कंपनी के बनावल आ ब्रिटिश रायल नेवी के बेड़ा में शामिल एगो F‑35B लड़ाकू विमान चरचा के विषय बन गइल बा. यूट्यूब पर एकरा के लेके कुछ साँच त कुछ झूठ आ कुछ महाझूठ वीडियो कैप्सूलन के भरमार आ गइल बा. एहनी के वीडियो कैप्सूल के नाम दीहल एहसे सही बा कि कैप्सूल अपना भीतर पड़ल सामग्री के असल स्वाद आ रंगरूप देखे जाने ना देव. ओही तरह यूट्यूब चैनल पर जारी एह वीडियो कैप्सूलन के मथैला कुछ होला आ भीतर में कथानक कुछ अउर !
पिछला महीना जून के 14 तारीख का दिने केरल के हवाई अड्डा पर उतरल ई एफ 35 बी जहाज जनता के कौतूहल के विषय बन गइल बा. बाकिर भारत इ`गलैण्ड आ अमेरिका खातिर ई मसला कूटनीतिक, रणनीतिक मुद्दा बावे. ना त पूरा बात बतवले बनत बा ना लुकवले लुकात बा.
दावा कइल जाला कि एह F‑35B विमान के कवनो रडार देखे ना सके बाकिर भारत के रडार प्रणाली एकरा के तुरते पकड़ लिहलसि आ तब विमान पायलट बतवलसि कि तेल कम हो गइल बा एहसे एकर आपात लैंडिंग जरुरी हो गइल बा. भारतीय वायुसेना ई सुनते इंगलैण्ड के एह विमान के सुरक्षित उतरवावे के व्यवस्था करवलसि. बाकिर उतरला का बाद मसला अउरी अझूरा गइल.
तेल कम रहल त तेल भरवा दीहल गइल. बाकिर तब कहल गइल कि तकनीकी गड़बड़ी हो गइल बा जवना चलते एकर हाइड्रोलिक प्रणाली काम नइखे करत. एह समस्या के समाधान खातिर इंगलैण्ड से 40 गो तकनीशियन के भारी भरकम टीम आइल बाकिर उहो कुछ ना कर पवलसि. रहस्य एहसे अउर गहिरा गइल कि पायलट विमान से फरदवला जाए के तइयार ना भइल आ विमान के मरम्मत हैंगर में ले जाए के अनुमति ना दिहलसि. असल में इ`गलैण्ड आ अमेरिका के डर बा कि कहीं भारत एह F‑35B विमान के तकनीक मत जान जाव. दाई से पेट छिपावल एकरे के कहल जाला.
अब कहल जा रहल बा कि एह विमान के टुकड़ा क के ओह मलबा के मालवाहक विमान से ले जाईल जाव. करीब एक बिलियन डॉलर माने करीब पचासी अरब रुपिया दाम वाला एह विमान के एह दुर्गति के कल्पना के कर सकत रहल.
अब विमान पत्तन अधिकारी सोचत बाड़े कि इ`गलैण्ड से एह विमान के पार्किंग आ ओकर सुरक्षा के खरचा वसूलल जाव. ई एगो बड़हन कूटनीतिक मुद्दा होखी जवना चलते एकरा पर पूरा सावधानी से विचार कइल जा रहल बा.
एह बीच केरल के पर्यटन विभाग एगो मजेदार विज्ञापन जारी कर दिहलस जवना में देखावल गइल बा कि F‑35B विमान केरल छोड़ के जाइल नइखे चाहत. पर्यटन विभाग एही ले के पर्यटकन के बोलावत बावे गॉड्स ओन कन्ट्री केरल के भ्रमण करे ला.
केरल में फँसल F-35: भारत का हथेली पर तातल आलू बनि के रहि गइल बा. भारत आ ब्रिटेन के रिश्ता, सैन्य सहयोग, सुरक्षा भरोसा आ ‘सॉफ्ट डिप्लोमेसी’ के अद्भुत मिसाल बन गइल बा ई घटना.
भारत-ब्रिटेन के मजबूत सैन्य भरोसा एहमें देखल जा सकेला कि दुनू देश के सरकार एह मामला के कतना संवेदी तरीका से निपटत बाड़ी सँ.
चूंकि F‑35 में एह समय के सबले गोपनीय स्टेल्थ तकनीक, रडार सिस्टम आ सेंसर लागल बा से एह फाइटर जेट के सुरक्षा खातिर भारत सरकार आ ब्रिटेन मिलके CISF आ ब्रिटिश मिलिट्री गार्ड के तैनाती कइलस. मीडिया, आम जनता आ टेक्निकल स्टाफ के एक्सेस पूरा तरह से बंद राखल गइल. एहसे अमेरिका आ NATO देशनो के भरोसा बनल रह गइल.
जवना तरह से भारत एह मामिला के सम्हार के रखलसि ओकरा चलते भारत के छवि विश्व पटल पर एगो जिम्मेदार आ नैतिक देश का रुप में रेघरियावे जोग बन गइल बा. जान जाईं कि अमेरिका के सबले बड़हन परेशानी ई बा कि अब एह फाइटर जेट के बेचे में समस्या आ गइल बा. जवना विमान के मरम्मति तीन हफ्ता का बादो नइखे कइल जा सकत ओह विमान के खरीदे में कवनो कालीदासी देशे रुचि देखाई.
दुनिया में भोजपुरी भाषा में प्रकाशित होखे वाला पहिलका वेबसाइट होखला का चलते अंजोरिया के प्रयास हमेशा से रहल बा कि भोजपुरी के बस किस्सा-कहानी, गीत-गवनई, कविता, खेत-खरिहाने ले ना राखि के एकरा में हर तरह के सामग्री परोसल जाव. शायद अंजोरिया आजुओ का समय में अकेला वेबसाइट होखी जवना पर शेयर बाजार के चरचा भोजपुरी में होखल करेला. खबर आ सामयिक विषयनो पर लेख प्रकाशित कइल जात रहेला. एहसे कोशिश करीं कि रोज कम से कम एक बेर आ के देख त लीं कि आजु कुछ नया आइल बा कि ना.
0 Comments