खतरा दुआरी पर ठाढ़ बा
danger-at-door-step
– अंजोरिया डेस्क
#नेपाल #हमी-नेपाल #ओली-सरकार #सत्ता-परिवर्तन,
नेपाल के हलचल भारत खातिर आईना
हालही में नेपाल में जवन राजनीतिक हंगामा देखे के मिलल बा, उ खाली काठमांडूए आ नेपाले सरकार ले ना, बलुक पूरा दक्षिण एशिया खातिर चेतावनी आ सबक होखे के चाहीं. खास करि के भारत जइसन बड़ आ विविधता से भरल देस खातिर ई घटना एगो आईना ह जवन देखावत बा कि लोकतंत्र में जनता के भरोसा कायम राखल आ नई पीढ़ी के आकांक्षा पूरा कइल कतना जरूरी बा.
श्रीलंका, बांग्लादेश आ अब नेपाल में जवना तरह से सत्ता परिवर्तन करावे में विदेशी ताकत सफल हो गइल ओकरा के देखि के भारत खातिर बड़हन खतरा लउकत बा. काहे कि भारतो मे अइसनका तत्व मौजूद बाड़ें जे जार्ज सोरोस का इशारा पर देेश में किरासिन तेल छिड़कावे आ ओकरा मे आगि लगावे ला बेचैन बाड़ें. एगो नेता त एह मामिला में बहुत खतरनाक बा. ऊ जब ना तब विदेश यात्रा पर जात रहेला. बतावे ना कि कहवां जात बा, केकरा से भेंट करे वाला बा, भा का बतियाए वाला बा. बाकिर जब जब ऊ लवटेला त देश का सोझा एगो नया आफत परोसे के कोशिश करे लागेला. अबहीं ले ओकर साजिश सफल त नइखे भइल बाकिर आगहूं ना होखी ई केहू दावा ना करि सके.
सोचीं कि श्रीलंका के राष्ट्रपति आ बांगला देश के प्रधानमंत्री के कइसे आनन फानन में देश छोड़ विदेश भागे के पड़ गइल. बांग्ला देश के प्रधानमंत्री रहल शेख हसीना का लगे त भारत जइसन दोस्त रहल जे उनुका के समय पर सहारा दे दिहलसि. बाकिर नेपाल के प्रधानमंत्री ओला कहवां जइहें? भारत का साथे उनुकर बेवहार हमेशा दुश्मन का तरह रहल बा. चीनो पता ना एह खराब समय में उनुकर साथ दी कि ना.
आ एह सगरी बवाल का बीच नेपाल के राजा के महल शान्त पड़ल बा. ओहिजो कवनो सुगबुगाहट के संकेत नइखे लउकत. भारत सरकार एह मामिला पर चुप्पी सधले बिया बाकिर एकर चिन्ता ऊ ना करत होखी से मानल ना जा सके. विदेश मंत्रालय बहुत धेयान से नजर रखले होखी नेपाल पर एकर उमेद कइल जा सकेला. आजु उपराष्ट्रपति के चुनाव का बाद हो सकेला कि कुछ संकेत मिलो कि भारत के विचार एह मामिला में का बा. ई लेख लिखत घरी ले भारत के उपराष्ट्रपति के चुनाव चल रहल बा आ देर साँझ एकर परिणाम आवे के उमेद बा. संख्या बल का आधार पर मानल जा सकेला कि राजग उम्मीदवार बहुत आसानी से जीत जइहें. बाकिर कुछ देर ला मानलीं कि इंडी गिरोह के उमेदवार जीत जात बा. त ओकरा बाद देश के राजनीति में जवन बवाल होखे के अनेसा बन सकेला ओकरा के सोचिओ के मन काँप जात बा.
अबहीं तक मिलत जानकारी से तय नइखे कि ओला के इस्तीफा का बाद अब कइसन काम चलाऊ सरकार बनावल जाई, ओकर मुखिया के होखी. बाकिर पूरा उमेद बा कि हमी नेपाल के प्रतिनिधि का तौर पर काठमांडू के मेयर बालेन शाह इस्तीफा दे के नेपाल सरकार के मुखिया बन सकेले. नेपाल सेना का तरफ से अबहीं ले कवनो संकेत नइखे कि ऊ केकरा के माने वाली बा.
श्रीलंका बांग्लादेश आ अब नेपाल के घटना बतावत बा कि जनता खास करि के नवही अब पारंपरिक पार्टियन पर भरोसा नइखन करत. छोटहनो चिंगारी कब लहोक बन जाई बतावल ना जा सके. भारत सरकार के एगो बात बहुते काम वाली बा कि ई हर तरह के बयान देबे के पूरा छूट देके रखले बिया. एह चलते प्रेशर कूकर में दबाव एगो सीमा से बेसी ना बढ़ पाई ई आशा कइल जा सकेला. ना त अपना देश में देशद्रोहियन के बड़हन जमात बा जवन घुसपैठियन के सहारे एह देश के सत्ता पर काबिज होखल चाहत बा.
दोसरे सुरक्षा बल आ गुप्तचरन के बहुत सक्रिय रहे के पड़ी जवना से कवनो तरह के बवाल समय रहते सम्हारल जा सके. तथाकथित किसान आन्दोलन का बेरा देशद्रोहियन के पूरा कोशिश रहल देश में आग लगावे के बाकिर मोदी सरकार ओह कानूनन के वापिस ले के ओह साजिश के नाकाम कर दिहलसि.
नवहियन के ई बात बहुते अखरेला कि नेतवन के परिवार सत्ता के मलाई चाभत रहेलें. बाप के बाद बेटा-बेटी, फेर ओकर बेटा-बेटी सत्ता पर आपन अकुशा गड़वले राखेलें. बँवारा गोलन आ भाजपा में बाप के राज वाली परम्परा अबहीं ले नइखे लउकत. बाकिर एह छूतहा बेमारी से उहो कब संक्रमित हो जइहें बतावल ना जा सके. गनीमत इहो बा कि एह गोलन के नेता कुंवार भा अविवाहित होखेलें जिनकर आपन परिवार ना होखे.
सरकार के हमेशा चौकन्ना रहे के पड़ी जेहसे कि भाषा, धर्म आ सांस्कृतिक सवाल राजनीति के हिस्सा मत बन पावे. ग्राम पंचायतन आ नगर निकायन के मजबूत बनवला के जरुरत बा जवना से जनता केन्द्र भा राज्य सरकारन का भरोसे ना रहे आ ओकरा समस्यन के समाधान स्थानीय स्तर पर हो जाइल करे. एह निकायन के अधिकार, राजस्व आ जिम्मेदारी बढ़ावल जरूरी बा.
नवहियन के समस्या पर खास धेयान दिहला के जरुरत बा. रोजगार मिले पर पूरा धेयान दीहल जरुरी बा. भठियरपन पर पूरा काबू पावल जरुरी बा, जेकर नागरिकता संदेह मे होखे ओकरा हर गतिविधि पर तेज नजर रखला के जरुरत बा. बाकिर पता ना कवना कारण से मोदी सरकार नेता विपक्ष के विदेशी नागरिकता का सवाल पर जरुरी कदम नइखे उठा पावत. अगर ओकर नागरिकता संदेह के परे बा त इहो खखार के बोलला के जरुरत बा आ संदेह में बा त उहो. भ्रष्टाचार के मामिलन के लटकावल देश खातिर नुकसानदेह हो सकेला. चारा चोरी के सजायाफ्ता मुजरिम आज खुला साँढ़ लेखा चँवर चर रहल बा. आ जज रहल बेहयो ओकरा सोझा घुटना टेके ला मजबूर लउकल बाड़े.
सरकार के चाहीँ कि हर छोट मोट विवाद के समय रहते सलटा दीहल जाव जवना से ऊ बड़हन बवाल मत बन सको.
0 Comments