कुछ भोगनी कुछ बाकी बा…

कुछ भोगनी कुछ बाकी बा…
more sufferings awaited

– टीम अंजोरिया

#रोहिणी-आचार्य #लालू-प्रसाद #तेजस्वी #रमीज

आजु के मथैला पढ़िके कुछ अन्दाजा लागल होखो भा ना बाकिर संगे दीहल फोटो देखला का बाद बहुते कुछ साफ हो गइल रउरा सभे के. बाकिर मथैला – कुछ भोगनी कुछ बाकी बा.. – का बारे में बतावलो जरूरी बा. रउरा सभे देखले होखब कि चरचा हम त सामयिके विषय पर करेनी जवना पर मीडिया आ सोशल मीडिया पर जम के चरचा हो रहल होखे बाकिर हर विषय के हम कुछ अलगा नजरिया से देखे के कोशिश करीलें. आजुओ चरचा में बा लालू प्रसाद के बेटी रोहिणी आचार्य के ट्वीट से उपजल खबर.

लालू प्रसाद (आजु लालू का नाम का साथे चारा चोर के उपाधि नइखीं लगावत त ओकरो कुछ कारण बा) के बेटी रोहिणी आचार्य लालू प्रसाद के जिनिगी बचावे खातिर आपन एगो किडनी दे दिहले रहली. बाकिर तेजस्वी के सत्ता लिप्सा का चलते आजु उनुका अपना नइहर के परिवार छोड़ देबे के एलान कर देबे के पड़ल. लोग तरह तरह के बाति करत बा. घर फूटे जवार लूटे वाली बात हमेशा साँच होला. कुछ लोग कहत बा कि रोहिणी के थपड़ियावल गइल, केहू कहत बा कि चप्पल देखा के चहेटल गइल. बाकिर हमरा एह सब बातन पर विश्वास नइखे होखत. बाकिर अइसनो जानकारी नइखे जवना का सहारे लिख सकीं कि ना ई सब अफवाह हवे.

रोहिणी आचार्य @RohiniAcharya2 x.com पर अपना ट्वीट में लिखले बाड़ी कि हम राजनीति आ अपना परिवार के छोड़ रहल बानी काहे कि संजय यादव आ रमीज से अइसने आदेश मिलल बा.

संजय यादव का बारे में त पहिले से चरचा रहल बाकिर आजु एगो नया नाम सुने के मिल गइल रमीज के. अधिका जानकारी खातिर आजु हम रउरा के कुछ वीडियोज के लिंक दे रहल बानी. ओहिजा जा के पूृरा वीडियो देख लीं. बाकिर हम एह सगरी चैनलन में कहल बतावल गइल बातन से कुछ अलगा बतियावे जा रहल बानी. एह से लिंक पर जाए से पहिले हमार बात पढ़ लीं.

यु ट्यूब पर डॉ अविनाश सिंह के चैनल कीफैक्ट पर आइल वीडियो

अभिषेक तिवारी के यूट्यूब चैनल दि अभिषेक तिवारी पर आइल वीडियो

एगो पुरान कहानी सुनले रहनी कि एगो पंडित जी के एक दिन एगो नरकंकाल के खोपड़ी मिल गइल. पंडित जी माथा के रेखा पढ़ल जानत रहलन से ऊ पढ़लन कि – कुछ भोगनी कुछ बाकी बा! अब पंडित जी सोचे लगलन कि सब कुछ त खतम हो गइल बा आ खाली खोपड़ी बाचल बा तबहियों लिखल बा कि कुछ भोगनी कुछ बाकी बा! जात जहलन एगो जजमानी से सोचलन कि एह खोपड़ी के घरे ले चलत बानी. ओहिजे आराम से पढ़ब कि अब बाकी का रह गइल बा. खोपड़ी उठा के झोरा में राख लिहलन. जजमानी का बाद घरे अइलन त खइला का बाद ओह खोपड़ी के अध्ययन करे लगलन. बाकिर कुछ बुझाव ना कि का बाकी रह गइल बा अब? सोचत विचारत रात हो गइल. पंडिताइन हुड़कली त खोपड़ी वाला झोरा खूंटी पर टाँग के सूत गइलन.

अब ई उनुकर रोज रोज के रुटीन बन गइल. जबे फुरसत मिले खोपड़ी उतार के पढ़े लागसु बाकिर कुछ बुझाव ना कि अब भोगे के का बाकी रह गइल बा. पंडिताइन उनुका एह दिनचर्या से परेशान हो गइली. एक दिन जब पंडित जी जजमनिका में गइल रहलन त मौका ताड़ के ऊ खोपड़ी निकलली आ ओखर में डाल के मू्सर से कूच के पावडर बना दिहली.

पंडित जी जजमनिका से लवटन तब खोपड़ी खोजे लगलन. देखलन कि झोरा खाली बा. पंडिताइन से पूछलन कि खोपड़िया का हो गइल? पंडिताइन कहली कि रउरा रोज रोज के रुटीन देख के हम अँउजा गइल रहीं से आजु ओकरा के कूट के पावडर बना दिहनी. कहीं त ओह पावडर के ले आईं?

पंडित जी कहलन कि रहे दऽ. हमरा सवाल के जबाब मिल गइल. ओह खोपड़ी के इहे दुर्दशा बाकी रहल आ हम सोचत रहनी कि सब कुछ भोगला का बाद अब का भोगल बाकी रहि गइल बा!

एह कहानी पढ़ला का बाद शायद अब रउरो लागे लागल होखी कि आजु लालू का नाम संगे हम चारा चोर काहे ना जोड़नी? असल में आजु हमरा लालू पर दया आ गइल बा. आदमी कइसन पापी रहल बा कि ओकर अतना दुर्दशा हो रहल बा! जेल के सजा भुगते में कई जनम लाग जाइत बाकिर धन्य होखो अपना देश के अदालतन के कि उनुका के जमानत पर छोड़ दिहले बावे. शायद उहो अतना सजाय ना देत रहल पाइत जतना सजाय लालू के भुगते के पड़त बा. कुंभ स्नान के कुंभ वुंभ कहे वाला लालू आजु हेलोविन मनावत बाड़न काहे कि तेजस्वी एगो क्रिश्चियन से बिआह क लिहले बाड़न आ उनुकर लड़िका सब ईसाई परंपरा मनावे ल सँ. कृष्ण भक्त रहल अपना बड़का बेटा के घर परिवार से, अपना पार्टी से निकाल फेंकलन. पता ना कवना मजबूरी में भा कवना दबाव में. अब जवना बेटी के किडनी का सहारे जी रहल बाड़न अब ओकरो के परिवार से बाहर होखत देखे के पड़ रहल बा.

अब एहिजा हमरा एगो दोसर उदाहरण से देखे पड़त बा. राजीव गाँधी एगो विधर्मी के बिआह के ले अइलन ओकरा बाद से उनुका परिवार पर जवन आफत आइल ऊ सभे देखल. कुछ लोग समुझ गइल कुछ लोग समुझिए के बेसमझ बनल रहि गइल. बाकिर संजय गाँधी के हवाई दुर्घटना में मौत, इन्दिरा गाँधी के गोली से भून दीहल गइल. राजीव गाँधी के बम से उड़ा दीहल गइल. बेटी का परिवारो में पता ना कतना बिपत पड़ल. सबकुछ सभका सोझा बा. अलगा से कुछ बतवला के जरुरत नइखे. तब का लालूओ का साथे इहे हो रहल बा?

तेजस्वी एगो विधर्मी से बिआह क के ले अइलन. ओकरा बाद राम के बनवास दे के भरत के गद्दी देबे वाली घटना दोहरावे के पड़ गइल. हालांकि ना त लालू दशरथ हउवन, ना तेजप्रताप राम, ना तेजस्वी भरत, ना तेजस्वी के बीबी कैकयी. बाकिर कुछ ना कुछ त जरुरे हो रहल बा परिवार में. तेजस्वी के दू गो मुख्य सलाहकार संजय यादव आ रमीज हो गइल बाड़न. परिवार के कवनो सदस्य के बस नइखे चलत तेजस्वी पर. तेजप्रताप तेजस्वी के फेलस्वी के नाम दे दिहले बाड़न.

बाकिर हमरा लालू पर आजु दया आ रहल बा. पता ना का का भुगतल बाकी बा उनुका अपना बाकी बाचल जिनिगी में. साचहू कहल गइल बा कि करम गति टारे नहीं टरे!

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।