पाती के नयका अंक

cover page of Paati 60

भोजपुरी दिशाबोध के पत्रिका पाती के नयका अंक रउरा लोग का सेवा में पेश बा. भोजपुरी साहित्य के पत्रिका “पाती” के भोजपुरी जगत में आपन एगो अलगे सम्मानजनक जगहा बा. हर अंक में एक से बढ़ के एक पढ़े लायक सामग्री मिलेला. पाती के कुछ पुरनका अंक शोध करेवालनो खातिर अमूल्य बा. अँजोरिया के हमेशा से कोशिश रहेला कि भोजपुरी के बढ़िया साहित्य रउरा लोग के परोसल जा सके आ पाती के अंक नियमित रूप से पेश कइल जा रहल बा.

भोजपुरी प्रकाशन के आपन एगो सीमित दायरा बा जवना से बाहर निकले खातिर, पूरा दुनिया में अपना प्रकाशन के चहुँपावे खातिर अँजोरिया हमेशा से सभका खातिर मौजूद बा. जे भी प्रकाशन अपना पत्रिका भा पुस्तक के बिना कवनो शुल्क दुनिया भर के भोजपुरी प्रेमियन तक चहुँपावल चाहे ऊ एकर सेवा ले सकेला. बस अपना प्रकाशन के पेजमेकर फाइल अँजोरिया के इमेल से भेज दीं आ तुरते राउर प्रकाशन पुरा दुनिया में उपलब्ध हो जाई.

अगर रउरा जानकारी में कवनो भोजपुरी प्रकाशक बाड़े त उनुको के एह बाति के जानकारी दे दीं.

राउर,
संपादक, अँजोरिया

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..