लक्ष्मन चतुर्वेदी के साँच होखत सपना

हर इंसान के सपना होला अपना के टी.वी पर भा सिनेमा का परदा पर देखो आ खासतौर से तब जब ऊ कवनो फिलिम भा सीरियल देखत होखे.

अइसने सपना देखत बलिया से आइल लक्ष्मन चतुर्वेदी एगो निर्माता होला का संगही एगो कुशल अभिनेतो हउवन. ऊ अनेके सीरियल मे काम कर चुकल बाड़ें जवनन के नाम कबो सबका ज़ुबान पर रहत रहे. जइसे कि “राजा और रॅंचो”, “अजनबी”, “कमांडर”, “मार्शल”, “शिव महापुराण”, “तहकीकात”, “युग”, “आख़िर कौन”, “माँ”, “विष्णु पुराण”, “महाराणा प्रताप”, “चाणक्या”, “आ अब लौट चले”, “सफ़र अपना अपना” वगैरह. समय का साथ एगो टेलीफिल्म “पोस्टर” आ “अरिस्टोकेट विस्की” के वीडियो प्रचारो कइलन. भोजपुरी से प्यार रहला का चलते कुछ भोजपुरीओ फिलिम में मुख्य नायक रहलन जइसे कि “बिरहिन जन्म जन्म के”, “डोली आईल तोहार अंगना”, “सईया भये थानेदार”, “गोरिया कहा तोरे गाव रे” खास बाड़ी सँ. हाल ही में लक्ष्मन चतुर्वेदी एगो बॉलीवुड फिल्म “अक्कड़ बक्कड़ बॉम्बे बो” मे अहम किरदार कइले रहलें जवना के बहुत सराहल गइल रहे.

लक्ष्मन चतुर्वेदी के कहना बा कि अभिनय इनका खून मे बा आ ई अइसन फिलिम बनावल चहीहें जवना के पूरा परिवार देख सको.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।