हिन्दू आतंकवाद के बात उठा के गृहमंत्री शिन्दे कांग्रेस के हिन्दू विरोधी चेहरा उजागर कइले

जयपुर में कांग्रेस के चिन्तन शिविर में देश के गृहमंत्री सुशील कुमार शिन्दे कहलन कि जाँच के रिपोर्टन से उनुका पता चलल बा कि भाजपा आ संघ के ट्रेनिंग कैंपन में हिन्दू आतंकवाद के बढ़ावा दिहल जाला. बाद में उनुका के शाबाशी देत मणि शंकर अय्यर कहलन कि गृहमंत्री के मुबारकबाद देबे के चाहीं कि एह तरह के बात अतना खुला तरह से कह दिहलन. दिग्विजय सिंह कहलन कि ऊ त ई आरोप ढेरे दिन से लगावत रहलन बाकिर केहू सुनत ना रहे. अब गृहमंत्री ई बात उठा के दिग्विजय सिंह के कहल बात साँच करार दे दिहले बाड़न.

एह तरह के भड़काऊ बयानबाजी पर कांग्रेस का तरफ से कवनो सफाई सामने नइखे आइल. हिन्दू आतंकवाद के चरचा करे वाला गृहमंत्री आ कांग्रेसी कबो मुस्लिम आतंकवाद के नाम ना लेसु. आजुओ अपना भाषण में बोलतो घरी शिन्दे मु.. कहत रूक गइलन आ माइनोरिटी कहलन. एह तरह के चरचा कर के कांग्रेस के का फायदा होखी ई त उहे जानी बाकि हमरा लागत बा कि एह तरह के गैर जिम्मेदाराना बयानबाजी से आ आतंक के कवनो धर्म के नामे जोड़ला से अउरीओ गैर जिम्मेदार लोगन के बढ़ावा मिली. नाराज हिंदू नवही एही तरह के बयानबाजी से नाराज रहेलें एह सरकार आ पार्टी से. गुजरात चुनाव में कांग्रेस के भरपूर कोशिश रहल कि ऊ कवनो अइसन बात मत कह देव जवना से मजहबी आधार पर गोलबंदी के अनेसा बन जाव. बाकि कांग्रेस के चिन्तन शिविर में हिन्दू आतंकवाद के चरचा कर के कांग्रेस शायद चाहत बिया कि अगिला चुनाव से पहिले ऊ हिन्दू विरोधी जमात के अपना गोल में शामिल कर लेव आ फेरु से चुनाव जीते के जोगाड़ बइठा लेव.

गृहमंत्री के एह बयान के भरपूर निंदा होखे के चाहीं काहे कि एहसे देश में सामाजिक सद्भाव बिगड़े के अनेसा बढ़ जाई. बाकिर दुर्भाग्य बा कि शिन्दे के बयान का बवाद कांग्रेस का तरफ से कवनो सफाई नइखे आइल आ एहसे ई बात साफ हो गइल कि ओकरा हिन्दूत्व समर्थक वोट के कवनो परवाह नइखे. अब देश के बहुसंख्यक समाज के सोचे के चाहीं कि कहीं ओकर शान्तिप्रियता ओकरा के मजबूर आ बेचारा त नइखे बनावत.

– संपादक, अँजोरिया

1 Comment

  1. Keshav Mohan Pnadey

    संपादक जी!
    शिंदे साहेब के बयान होखे चाहे राहुल बाबा के भावात्मक भाषण।
    गैस के संख्या के बढावल होखे, चाहे उपाध्यक्ष पद के सिंहासन के बात।
    हमके त लगता कि ई सब खाली 2014 के सफ़र खातिर सवारी ह।
    ई सचहूँ – — 2014 के तैयारी ह।

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।