तोंहे गीत कऽ कसम

AkshayPandey

– अक्षय कुमार पाण्डेय

आन्हीं में, पानी में, जरत रहे दिया,
हिया माने ना हार, जिया ठाने ना रार –
तोंहे गीत कऽ कसम.

धीरे धीरे जमल अन्हार कुल्ह पघिल जाई
सोन किरिन आके जब धरती से मिल जाई.
चढ़ ऊपर, ऊपर चढ़, थाके ना जोर –
तोर पीठ पर पहाड़, पेट रहे ना उघार –
तोंहे गीत कऽ कसम.

गाँधी क मुरुती पर बाज एगो बइठल बा,
बगिया में अजगर फेरु आजु एगो पइठल बा,
बिहँसे दिन, फूल खिले छाँट कूस काँट –
बाँटऽ अमरित क धार, मिले भले ना दुलार –
तोंहे गीत कऽ कसम.

नइया के पेंनी में छेद हो रहल बाटे,
नदी के अरार पर सियार रो रहल बाटे,
लहरन के घात समुझ मानऽ तू बात –
हाथे ले के पतवार यार समय के सम्हार –
तोंहे गीत कऽ कसम.


संपर्क सूत्र :

ग्रा॰ पो॰ – रेवतीपुर रंजीत मोहल्ला, जिला – गाजीपुर 232328 मोबाइल – 09450720229

1 Comment

  1. ajaypaswan

    Full masti

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।