सिक्सर मारे का तइयारी में लागल सुदीप पांडे

भोजपुरी सिनेमा के परफेक्ट एक्शन स्टार सुदीप पांडे जल्दिये छक्का लगावे जा रहल बाड़े. ई छक्का अबही चल रहल आईपीएल में ना बलुक अपना रिलीज होखे वाली फिल्मन के छक्का. एक दर्जन फिल्में कर चुकल एह “भोजपुरिया भईया” के अबही छह गो फिल्म लाईन में बाड़ी सँ. अपना दुसरके फिल्म “भोजपुरिया दरोगा” में चुनौतीपूर्ण दोहरी भूमिका करके सुदीप पांडे बता दिहले रहले कि ऊ एगो परिपक्व कलाकार का साथे परफेक्ट एक्शन स्टारो हउवें . साँचहू सुदीप जब एक्शन करेले त देखते बनेला. उनुका के बेझिझक भोजपुरी फिल्मन के अक्षय कुमार कहल जा सकेला. “भोजपुरिया दरोगा” में शीर्षक भूमिका के अलावे एगो मतिसुन्न नौजवान के यादगार भूमिका उनका के स्टार बना दिहलसि. फेर त सुदीप पाण्डेय “मसीहा बाबू”, “सौतन”, “दरोगाजी चोरी हो गइल”, “चंदू की चमेली”, “हम हईं धरमयोद्धा”, “शराबी” आ “नथुनिया पे गोली मारे” जइसन सरीखी कई गो फिलिम कर दिहलन.

सुदीप पांडे के जवन आधा दर्जन फिलिम आवे वाली बाड़ी सँ ओकनी में “मि. तांगेवाला” सबसे पहिले रिलीज होई. एहू में सुदीप के दोहरी भूमिका बा. एगो सीधा सादा किसान ह, त दोसरका एगो चलता-पुर्जा चोर. एकरा बाद “कुर्बानी” में ऊ एगो अइसन मुसलमान नौजवान के किरदार कइले बाड़न जे अपना मालकिन खातिर सबकुछ कुर्बान कर देत बा. एह फिल्म में सुदीप के एगो नया चेहरा देखे के मिली संजीदा प्यार वाला. “लाल चिंगारी” में सुदीप अपना एक्शन स्टार वाला रुतबा में नजर अइहें. तीन गो तेलुगू अउर एगो नेपाली फिल्म कर चुकल एह बहुप्रतिभावान स्टार के मेहनत अब रंग देखावे लागल बा आ ऊ दर्शकन के चहेता कलाकार बन गइल बाड़न. एह लोकप्रियिता के स्पष्ट प्रमाण उनका टीवी कार्यक्रम “बिहार : एक खोज” के बढ़त टीआरपी में देखल जा सकेला. कैलिफोर्निया में सॉफ्टवेयर इंजीनियर का रूप में काम करे वाला सुदीप पांडे जब फिल्मन में अइले त लोग सोचत रहे कि पश्चिम के आबोहवा में रहेवाला एह साहब के अब अपना माटी के सोन्ह महक का याद होखी बाकिर सुदीप सबका के छका दिहले. रामजी फिल्म्स के बैनर तले आधा दर्जन फिल्म बना आ सफलता से प्रदर्शितो कर दिहलें. सुदीप साबित कर दिहले बाड़न कि ऊ एगो समर्पित कलाधर्मी हउवें, आ एगो साँच भोजपुरिया भइया.


(स्रोत – उमेश सिंह चन्देल)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।