अमनौर में होखत बा भोजपुरी साहित्य सम्मेलन
All India Bhojpuri Sahitya Sammelan Amnaur
– टीम अंजोरिया
#भोजपुरी #सम्मेलन #अमनौर #अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन
पिछला बेर त अंजोरिया के समाचार भेजल गइल रहल बाकिर अबकी कवनो विज्ञप्ति अंजोरिया का लगे नइखे आइल. हो सकेला कि अबहीं कवनो सार्वजनिक विज्ञप्ति सम्मेलन के समिति का तरफ से आधिकारिक रूप से जारी ना भइल होखो. बाकिर अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के महामंत्री प्रोफेसर जयकान्त सिंह ‘जय’ का तरफ से निहोरा मिलल रहुवे जवना के हम सविनय मना कर दिहनी.

सम्मेलन के कार्यवाही का बारे में निहोरा में विस्तार से सबकुछ सूची बद्ध कइल बा. बाकिर भारतीय जनता पार्टी के प्रवक्ता आ आयोजन समिति के अध्यक्ष एमएलसी डॉ संजय मयूख एह सम्मेलन में स्वागत भाषण दीहें आ सम्मेलन के प्रचार तंत्र लागत बा उनुके जिम्मे बा. अखबारन में जवन सामग्री अंजोर भइल बाड़ी सँ आ यूट्यूब पर जवन वीडियो उपलब्ध बाड़ी सँ तवना में मयूख जी मीडिया के एह बारे में जानकारी देत लउकत बानीं. राजनीति में रहला का बावजूद मयूख जी साहित्यो में रुची लिहिलें. सम्मेलन में बिहार सरकार में भाजपा के उप मुख्य मंत्री सम्राट चौैधरी 29 तारीख के उद्घाटन करब आ मुख्य अतिथि रहीहन पथ निर्माण नगर विकास मंत्री नितीन नवीन. श्रम संसाधन मंत्री संजय सिंह टाइगर, कला एवं संस्कृति मंत्री अरुण शंकर प्रसाद, सहित सम्मेलन में सांसद राजीव प्रताप रुडी, सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवाल, सांसद मनोज तिवारी, फिल्म अभिनेत्री अक्षरा सिंह, लोक गायिका कल्पना पटवारी, लोकगायक आलोक पांडेय, मास्टर विकास, उदय नारायण सिंह, कल्पना मिश्रा, मनीषा श्रीवास्तव, डॉ वीरेंद्र नारायण यादव वगैरह के गरिमामय उपस्थिति रहे वाला बा. 30 नवंबर का दिने बिहार में भाजपा के दुसरका उपमुख्यमंत्री विजय कुमार सिंहा, आ कोयला राज्य मंत्री (भारत सरकार) सतीश चंद्र दुबे वगैरह के उपस्थिति रही.
अतना जान लीहला का बाद अतना त मानिये लेबे के चाहीँ कि जइसे बरगद का गाछ का नीचे जइसे घास ना जामे वइसहीं एह राजनीतिक मौजूदगी में साहित्यिक चरचा कतना हो पाई. बहुत पहिले हमहूँ निहोरा कइले रहीं कि अगर हो सके त सम्मेलन में भोजपुरी के एगो मानक तय करे ला विद्वानन का बीच गोष्ठी करावल जाय. बाकिर लागत बा कि समयाभाव का चलते समिति एह फालतू विषय के चरचा करे ला माथ खपावे के जहमत ना उठावे के तय कइलसि.

अमनौर में हो रहल एह सम्मेलन का कार्यक्रम के जानकारी उपर दीहल निहोरा में मिलिए जात बा एहसे ओहपर विस्तार में जाए के जरुरत हमरो नइखे लागत. वइसे एह सम्मेलन के ह्वाट्सअप ग्रूप में कुछ दिन रहे के सौभाग्य हमरो मिलल रहल बाकिर जब देखनी कि समूह में भोजपुरी के चरचा नइखे हो रहल आ भोजपुरी में लिखे में सबका लाज लागत बा त हम सविनय ओह समूह से विदा ले लिहनी. एकरा पहिले भोजपुरियन के एगो अउर ह्वाट्सअप समूह में शामिल होखे के मौका मिलल रहुवे बाकिर ह लोग के पसन्द ना आवत रहुवे कि हम समूह में अंजोरिया के कवनो पोस्ट साझा करीं से ओहिजो से बेमरउवत हो के निकल गइनी. एह दुनू भोजपुरी समूहन से मिलल अनुभव का बाद हमरा लागल कि अमनौर जाए के जहमत उठवला के जरुरत नइखे. गोस्वामी तुलसीदास जी कहिए गइल बानी कि –
आवत ही हरखे नहीं जात न भींगे नेह,
तुलसी तहाँ न जाइए कंचन बरसे मेह.
जतना संभव हो पाई अलग अलग समाचार पत्रन आ चैनलन से मिलल जानकारी रउऱा सभे से साझा करत रहब. नीचे जवन वीडियो दे रहल बानी तवनो हिन्दी में बा. भोजपुरी में त खोजले बेकार के बात होखी भोजपुरी सम्मेलन के खबर. एहिसे सम्मेलन के मीडिया प्रभारी शिवानुग्रह नारायण सिंह जी सोचले होखब कि भोजपुरी में दुनिया के पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम के खबर भेजला के कवन जरुरत बा. निहोरा पत्र के फोटो जरुर भेज दिहनी. उहों के बढ़िया से जानत बानी कि भोजपुरी भाषी भोजपुरी पढ़सु ना से भोजपुरी में अंजोर करवला के जरुरते का बा.
सबकुछ का बावजूद अंजोरिया डॉटकॉम एह सम्मेलन के सफलता के शुभकामना करत बा. सांसद राजीव प्रताप रूढ़ी जी के संरक्षण में उनुके पैतृक गाँव में हो रहल एह सम्मेलन के शानदार होखे के भरपूर संभावना बा जवना के लोग बरीसन इयाद राखी. हँ एह मौका पर सम्मेलन के स्मारिका के नामो ईयाद -3 राखल गइल बा.

0 Comments