भाजपा के भेंटा गइल आपन पप्पू

– अंजोरिया डेस्क

#रविकिशन #राहुल #पप्पू # समोसा

भाजपा के भेंटा गइल आपन पप्पू
BJP gets its own pappu

‘के बड़ छोट कहत अपराधू’ का तर्ज पर एगो नया मुहावरा बनावल जा सकेला, ‘कहल मुश्किल कवन समोसा छोटका कवन बड़का’. दू दिन पहिले भाजपा के गोरखपुर से सांसद आ अपना जमाना में भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रहल रवि किशन के एगो भाषण संसद में भइल जवना में ऊ देश के ज्वलंत समस्या छोटका समोसा बनाम बड़का समोसा के मुद्दा उठवलन. उनुका भाषण के लिंक नीचे दे देब बाकिर हमेशा का तरह पहिले आपन बात पूरा कर लेब तब.

देश के नेता प्रतिपक्ष आ कांग्रेस के पूर्व उपाध्यक्ष रहल राहुल गाँधी का नाम का साथे पप्पू के अइसन जोड़ दिआइल बा कि उनुका के राहुल से बेसी पप्पू का नाम से जानल जाला. उनुका के लेके अतना मीम सोशल मीडिया पर आइल बा आ अबहियों आवत रहेला कि बहुते लोग उनुकर तुलना कॉमेडियन से करे लागेलें. कांग्रेस के शिकायत बा कि राहुल के छवि बिगाड़ के पप्पू जस बनावे खातिर भाजपा पता ना कतना करोड़ खरचा कइलसि. कुछ लोग त राहुल के भाजपा के स्टार प्रचारको कह देला. अइसन लोग के मानीं त भाजपा के जतना फायदा राहुल करवावेलें ओतना फायदा दोसर कवनो भाजपाई ना करवा पावे. वइसे राहुल पप्पू हउवें कि ना से त हम ना बता सकीं बाकिर ऊ कैम्ब्रिज से दर्शन शास्त्र में स्नातकोत्तर बतावल जालें. आ एही संगे इहो बतवला में कवनो गलती ना होखी कि गुजरात से आइल प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के मुकाबला गुजराते से आइल फिरोज गाँधी के वंशज हउवन.

भाजपा के शायद लागत रहल कि ओकरा लगे कतनो धुरंधर नेता होखसु बाकिर पप्पू से दू दू हाथ करे जोग ओकरा लगे आपन पप्पू नइखे. ई कमी रविकिशन पूरा करे ठीका ले लिहले बाड़न. सिनेमा के स्टार दोसरा के लिखल स्क्रिप्ट पर दोसरा के लिखल संवाद बोलत फिलिम के निर्देशक का हिसाब से काम करेलेें. अब सोचे जोग बात बा कि रविकिशन के समोसा भाषण के लेखक के हवे. वइसे फिल्मी दुनिया में ई सामान्य बात होला कि गरीब आ जरुरतमंद लेखक संवाद लेखक से लिखवा त लीहल जाला बाकिर ओकरा के बस कुछ रुपिया दे के टरका दीहल जाला. ओह लेखक के नाम दुनिया कबो ना जान पावे काहे कि ओकरा जगहा पर ओकर नाम रहेला जे माल दिहले होखे.

हम त मानत बानी कि ऊ बहुत प्रतिभावान संवाद लेखक होखी जे रविकिशन के समोसा भाषण लिखले होखी. आ एह भाषण से साबित हो गइल कि भाजपा के ई आपन पप्पू कांग्रेसी पप्पू का साथे कवनो दिने दू दू हाथ कर सकेला. आ इहो कहियो आलू से सोना बनावे भा कादो पांक से किसान के बचावे खातिर खेतन में टाइल्स बिछवा देबे के वायदा कर देव. समोसा हमहन के इलाका के लोकप्रिय स्नैक्स में गिनल जाला. लोकप्रियता में समोसा के मुकाबला लवंग-लता भा जिलेबी से कइल जा सकेला. लिट्टी-चोखा त खास भोजपुरिहा पकवान होला जबकि समोसा जलेबी सगरी हिन्दुस्तान में मिल जाला.

समोसा के साइज, ओकरा में भरल सामग्री हर दुकान में अलग अलग तरह के होला. हमरा ईयाद बा कि एक जमाना में सिवान जिला के दरबार सिनेमा हाल का सोझा एगो सरदार जी के समोसा के दुकान बहुते चलत रहुवे, हालांकि समोसा का चलते कम ओकरा साथे परोसल चटनी का चलते बेसी. लोग कई बेर दरबार सिनेमा सरदार जी के समोसा खाए चहुँपल करे. अब नइखीं जानत कि दरबार सिनेमा मौजूद बा कि ना, आ ओकरा सोझा के सरदार जी के समोसा दुकान अब बावे कि ना. से समोसा के साइज दुकानदार का हिसाब से तय होला आ ओकरा में भरल जाए वाला सामग्री का चलते. एक जमाना में बिहार में इहो नारा चलत रहुवे कि जब तक रहेगा समोसा में आलू तब तक रहेगा बिहार में लालू! समोसा में आलू त अबहियों मौजूद बा बाकिर बिहार में लालू अब नइखन. चारा चोरी का आरोप में सजायाफ्ता मुजरिम हो चुकल लालू के राजनीति जिन्दा बा बाकिर चुनाव लड़े के ताकत खतम हो गइल बा. खैर हम बात समोसा के करत रहीं. समोसा के दाम आ साइज हर दुकान में अलग अलग हो जाला. शायद कहियो जिलेबी ले के राहुल के बयान कि एकरा के फैक्टरी में बनावल जाई के मुकाबला रविकिशन एह से कइल चाहत बाड़न कि समोसा मशीन से बनावल जाव. काहे कि तबहियें ओकरा साइज में एकरुपता आ सकी. बाकिर ओकरा भीतर भराए वाला मसाला आ सामग्री तबहियों अलग अलग रह सकी आ ओही हिसाब से ओकर दामो अलग अलग रहबे करी.

अब समोसा आ पप्पू के चरचा ढेर लमहर ना खींचब. अब त बस इहे देखे के बा कि रविकिशन कइसन कइसन बयान देत बाड़न आगे चल के. आखिर उनुका देश के सबसे बड़हन पप्पू से मुकाबला करे के बा!

रविकिशन के संसद में दीहल समोसा संवाद के रपट एह वीडियो में देखीं सुनीं –

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।