आन्हर कुकुर बतासे भूँके

– टीम अंजोरिया

#विपक्ष #आन्हर-कुकुर-बतासे-भूँके

आन्हर कुकुर बतासे भूँके
Blind Dog Barks On Winds

अब एकरा के संजोग कहीं भा शैली कि कई बेर हमरा लेख के मथैला भोजपुरी के कवनो कहावत ले के बनावल रहल होला. भोजपुरी दुनिया में बोलेवालन का गिनिती का हिसाब से माथ दस गो भाषा में गिना जाई बाकिर हमरा विद्वानन के कृपा से आ भोजपुरी पढ़ावे वाला विश्वविद्यालयन के असकत का चलते भोजपुरी के मानक तय नईखे हो सकल आ एही चलते भोजपुरी के भारत के संविधान का अठवीं सू्ची में शामिल नइखे कइल गइल. पिछला एगो लेख में हम भोजपुरी के मानक का सवाल पर आपन बात रखले रहनी ओकरो के पढ़ लीं. बाकिर आजु के लेख अब आजु का मुद्दा पर लवटावे जात बानी.

आजु के लेख के मथैला बावे – आन्हर कुकुर बतासे भूँके. लोकतंत्र में विपक्ष के भूमिका वॉचडॉग वाला होला आ ओकर जिम्मेदारी बनेला कि हर गलत बात के, हर गलत सरकारी काम के विरोध में आवाज उठावे. जइसे घर-मुहल्ला के सुरक्षा खातिर राखल भा बेराखलो कुकुर कवनो अपरिचित भा संदिग्ध आदमी के देखते भूँके शुरु कर देलें सँ आ घर-मुहल्ला के लोग सतर्क हो जाला. बाकिर जब इहे कुकुर आन्हर हो जाव त ऊ अंदाजे पर, हवा बतासो पर भूँकल शुरु कर दी. कांग्रेस देश के सबले बड़का विपक्ष, कम से कम सांसदन का गिनिती का आधार पर, हउवे. बाकिर अपना मोदी विरोध, हिन्दू विरोध में ई आन्हर हो गइल बिया आ असहीं बात-बेबात भूँकल शुरु कर देले बिया.

अबहीं टटका चरचा में कांग्रेसी नेता जयराम रमेश के एगो ट्वीट बावे जवना में ऊ आरोप लगवले बाड़न कि भारत के दोस्त रूस पाकिस्तानी सेना के चीन के बनल जेट लड़ाकू जहाजन खातिर इंजन देबे के सकार लिहले बावे आ ई मोदी के विदेश नीति के विफलता देखावत बा.

एकरा जबाब में भाजपा के मीडिया सेल के प्रभारी अमित मालवीय के ट्वीट आइल बा कि कांग्रेस हमेशा देश के दुश्मन का साथे खड़ा मिलेले आ जयराम रमेश के ई ट्वीटो एही बात के उदाहरण बा.

कांग्रेस के चाहीं कि आन्हर कुकुर का तरह भूँकल बन्द कर देव. कुछऊ बोलला से पहिले ओह बात का बारे में सचाई पता लगा लेव. अगर अइसन ना करी त कांग्रेसे के विश्वसनियता खतम हो जाई. वइसे बहुत लोग इहो पूछ बईठी कि कांंग्रेस के विश्वसनियता बाँचलो बा का!

अबहीं हाल ही में कांग्रेस के मालिक नेता राहुल गाँधी के कोलम्बिया के दौरा पर गइला के खबर आइल रहुवे आ कुछ कांग्रेसी नेता दावा कर दिहलें कि ओहिजा उनुकर मुलाकाता कोलंबिया के राष्ट्रपति से भइल. जबकि सचाई ई बावे कि कोलंबिया के राष्ट्रपति राहुल से मिले के तइयारे ना भइलन. कोलंबिया के राष्ट्रपति गुस्तावो पेट्रो हउवन जबकि राहुल के मुलाकात ओहिजा के सीनेट के अध्यक्ष (जइसे कि भारत के लोकसभा अध्यक्ष) लिडिओस गार्सिया से भइल रहुवे. आ उहो इहे कहलन कि भारत के एगो सांसद राहुल गाँधी से जे इन्दिरा गाँधी के पोता हउवन से भेंट भइल. मतलब कि अगर इंदिरा गांधी के पोता ना रहतन त शायद एह मुलकातो के मौका ना दीहल जाईत राहुल गाँधी के. एह विवाद में गौरव प्रधान के ट्वीट नीचे दीहल जा रहल बा जवना से सबकुछ बहुत साफ हो जाई.

एह ट्वीट का सहारे हम आपन ओही बात के रेघरियावल चाहत बानी कि कांग्रेस आन्हर कुकुर बतासे भूँके वाली कहावत साँच करे के काम बन्द कर देव. कोलंबिया मादक पदार्थन के तस्करी आ वेश्यावृति खाति दुनिया भर में बदनाम हवे आ कुछ लोग के कहना बा कि राहुल के कोलम्बिया दौरा के असल कारण शायद अइसने कुछ रहल होखी.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।