लखनऊ में आइल मनी कंट्रोल इण्डिया ट्रेडिंग टूर

लखनऊ में आइल मनी कंट्रोल इण्डिया ट्रेडिंग टूर

– टीम अंजोरिया

#लखनऊ #ट्रेडिंग #मनीकंट्रोल #धनी-स्टॉक्स #इण्डियाबुल्स

पिछला शनिचर 6 दिसम्बर 2025 का दिने लखनऊ में एगो शेयर ट्रेडिंग से जुड़ल आयोजन भइल जवन मशहूर बिजनेस मीडिया मनीकन्ट्रोल का तरफ से आयोजित रहल आ ईण्डियाबुल्स सिक्यूरिटीज का तरफ से प्रायोजित.

लखनऊ में एह तरह के आयोजनन का बारे में अधिका त नइखे मालूम बाकिर गूगल बाबा बतावत बाड़न कि एही 1 नवम्बर 2025 का दिने लखनऊ के बाबा बनारसी दास विश्वविद्यालय के सभागार में ट्रेडर्स मेला का नाम से एगो आयोजन भइल रहल जवना में एक हजार से अधिका लोग शामिल भइल रहल.

अक्टूबर 2022 में धन (Dhan) का तरफ से एगो सामाजिक मिलन के कार्यक्रम लखनऊ में भइल रहल जवना में एहिजा के ट्रेडर आ देश के प्रतिष्ठित विशेषज्ञ शामिल भइल रहलें.

एकरा कुछेके महीना बाद लखनऊ में 11 दिसम्बर 2022 का दिने तब तक के दुनिया में सबसे बड़का वित्तीय सम्मेलन फिनोविंग्स ट्रेनिंग एकादमी के संस्थापक मुकुल अग्रवाल करवले रहलन जवना के गिनिज वर्ल्ड रिकार्ड में शामिल कइल गइल रहल. बतावल जाला कि एहमें 1806 लोग शामिल भइल रहल. हालांकि बाद में ई वर्ल्ड रिकार्ड मलेशिया में भइल एगो सम्मेलन तूड़ दिहले रहुवे आ ओकरा बादो कई गो रिकार्ड बन चुकल बाड़ी सँ.

अक्सर यूट्यूब पर हम अवधूत साठे के सम्मेलनन के दृश्य देखत आइल रहनी जवना में हजारन प्रतिभागी शामिल होत रहलन. संजोग से एने कई महीना से अवधूत सेबी का वक्रदृष्टि का निशाना पर आ गइल बाड़न आ उनुका पर करोड़ों के जुर्माना के खबर आइल रहुवे.

लखनऊ में एह तरह के पिछलका सम्मेलनन के जानकारी त हमरा ना रहुवे आ जब मनीकंट्रोल के संदेश हमरा ह्वाट्सअप पर आइल कि लखनऊ में एगो सम्मेलन होखे जा रहल त हम तुरते तइयार हो गइनी एहमें शामिल होखे ला. जवन फीस माँगल गइल तवन दे दिहनी आ ओकरा प्राप्ति के रसीदो आ गइल एगो दोसर कंपनी टाउनहॉल का तरफ से. शायद उहे जिम्मा उठवले रहुवे आयोजन के व्यवस्था के.

हालांकि ओकरा बाद से कवनो संदेश हमरा ना मिलल कि का होखे जा रहल बा. के के आ रहल बा. एही बीच शुक का दिने अवधूत के खबर आ गइल कि सेबी उनुका पर पाँच सौ करोड़ के बेसी के जुर्माना लगा दिहलसि. हमरा चिन्ता हो गइल कि पता ना काल्हु शनिचर का दिने ई सम्मेलन होखबो करी कि ना. सबेरे तक ले कवनो संदेश ना मिलल रहुवे. ई मेल पर रसीद खोजे चलनी त पता ना कवना कारण ऊ पावती ना मिलल. हमार चिन्ता अउर बढ़ गइल. लखनऊ के एगो पाँच सितारा होटल रेनेसाँ में एकर आयोजन होखे वाला रहल से ओकरा के फोन कइनी. जवन महिला फोन उठवलसि ओकरा एह बाबत कवनो जानकारी ना रहल से ऊ हमार फोन सेल्स के अग्रसारित कर दिहलसि. सेल्स पर फोन के घंटी बाजत रहि गइल आ आजिज आ के हमहीं फोन काट दिहनी. सोचनी कि अच्छा होटल चल के देखत बानी. अगर आयोजन होखत होखी त शामिल हो जाएब आ रद्द हो गइल होखी त सीधे साइबर पुलिस से संपर्क करब.

मने मने गोहरावत होटल चहुँपनी त देखनी कि आयोजन हो रहल बा. गरदन के पट्टी हमहू लटका लिहनी आ शामिल हो गइनी. मन के पत्रकार जाग गइल रहुवे आ हम देखल चाहत रहनी कि का सिखावल जात बा, कहवाँ बझावल जात बा. काहे कि जवन फीस लीहल गइल रहुवे तवना से बेसी के खरचा त लंच वगैरह में हो जाई त आयोजक के मिली का!

खैर पंजीयन का बादे वाला टेबल पर आयोजन के प्रायोजक ईण्डियाबुल्स सिक्यूरिटीज आपन सरंजाम फइला के बइठल रहुवे. तुरते जुड़े वाला लोगन खातिर उपहारो राखल गइल रहल. हम त पहिलहीं से कुछ ब्रोकरन से जुड़ल बानी से हमरा त नया ब्रोकर के जरुरते ना रहल. हालांकि बाद में जब ओकर प्रजेन्टेशन देखनी त जरुर बुझाइल कि एकर ट्रेडिंग प्लेटफार्म बहुते काम जोग बा एकर चार्जो कम राखल गइल बा. एह पेशकश में हमरा कुछऊ बेजांय ना लागल काहे कि केहू के बझावल ना जात रहुवे. बतावल जरुर गइल आ जेकरा नीक लागल से जुड़बो कइल.


ओकरा बाद आगे बढ़नी त चाय बिस्कुट के इंतजामो रहल. चाय पियला का बाद हॉल में गइनी त करीब ढाई तीन सौ लोग प्रतिभागी लउकल. व्यवस्था नीक रहल. सबसे पहिले अइलन इण्डियाबुल्स सिक्युरिटीज (धनी स्टॉक्स) के चीफ बिजनेस आफीसर मयूर डेढिया . ऊ अपना ट्रेडिंग प्लेटफार्म के खासियत का बारे में जानकारी दीहलन. ईमानदारी से बताईं त मन त हमरो ललचल कि एह प्लेटफार्म के उपयोग करीं. बाकिर आपन औकात इयाद कर के शान्त हो गइनी. अगर रउरा अबहीं कवनो ट्रेडिंग प्लेटफार्म से नइखीं जुड़ल भा एगो अउर ब्रोकर से जुड़ल चाहत होखीं त धनी स्टॉक्स एगो बढ़िया विकल्प साबित हो सकेला.

तब अइलन राकेश पुजारा जे एलगो ट्रेडिंग का बारे में जानकारी दीहलन आ बतवलन कि कइसे बिना कवनो तकनीकी जानकारी के कवनो रिटेल ट्रेडर एलगो के उपयोग कर सकेला. राकेश पुजारा बहुते विस्तार से एह बारे में जानकारी दीहलन. राकेश जी मुंबई निवासी हईं आ उहां के कम्पाउण्डिंग वेल्थ एडवाइजर्स का नाम से एगो एडवाइजरी चलाइलें आ सेबी से पंजीकृत आ अधिकृत रिसर्च अनालिस्ट हईं आ करीब 25 बरीस से एह काम में लागल बानी. राकेश जी के वेबसाइटन के नाम हवे compoundingwealth.co.in आ cwa.smallcase.com उनकर फोन नंबर एहसे नइखीं देत कि ओकरा बारे में अनुमति नइखीं लिहले.

राकेश जी का बाद राजेश जी अइनी. राजेश श्रीवास्तव क्वांट लैब के संस्थापक हईं आ बैंगलुरु निवासी हईं. सबले खुशी के बात त हमरा ला ई रहल कि राजेश जी छपरा के मूल निवासी हईं आ जब हम उहाँ से दुनिया के भोजपुरी में पहिलका वेबसाइट anjoria.com का बारे में बतवनी त उहां के वादा कइनी कि अंजोरिया के पाठक लोगन ला एगो लेख लिख के देब. हम ओह लेख के इंतजार में बानी. राजेश श्रीवास्तव जी के वेबसाइट हवे – quantlabalgo.com

लंच ब्रेक का बाद अइलन रौनक उनदकट (Ronak Unadkat) जी. रौनक जी के हिन्दुस्तान के एगो शानदार डेरिवेटिव एनालिस्ट बतावल जाला. रौनक बहुते सहज आ सरल भाषा में आप्शन ट्रेडिंग का बारे में जानकारी दीहलन. उनुका प्रेजेटेशन के दू गो फोटो एहिजा दे रहल बानी जवना से बहुत कुछ रउरो जान जाएब. अफसोस बा कि रौनक जी से व्यक्तिगत मुलाकात ना कर पवनी आ उहाँ का बारे अधिका संपर्क जानकारी नइखी दे पावत.

आ आखिर में सबले बढ़िया बात ई रहल कि कबो हमरा ना लागल कि ई लोग बझावे के कोशिश कर रहल बा. हर कुछ देर बाद स्क्रीन पर देर ले चेतावनी देखावल गइल कि एहिजा कवनो तरह के निवेश सलाह नइखे दीहल जात. पूरा कार्यक्रम के वीडियो फोटोग्राफीओ होत रहल. शायद एहसे कि सेबी के प्रमाण दीहल जा सको कि एह आयोजन में कुछऊ गलत नइखे कइल गइल.

चलत चलत अवधूत साठे का बारे में जवन मीडिया में खबर आ रहल बा तवना हिसाब से अवधूत के कमाई लोग के सिखाईए के भइल. जब आ जवन ट्रेडिंग ऊ कइलन ओकरा में पाँच करोड़ के घाटा उठवलन. आ अपना जवना चेलन के उदाहरण ऊ अपना समारोहो में देत रहलन से सगरी घाटा में पावल गइलें. ठीक बा कि जरूरी नइखे कि बढ़िया कोच बढ़िया खिलाड़िओ होखो बाकिर ट्रेडिंग सिखावे में जवन भयंकर आमदनी बा तवना मेनका के देख शायदो कवनो विश्वमित्र अपना पर संयम रख पइहें.

रेघरियावे जोग बा कि शेयर बाजार में कुछऊ हो सकेला आ रउरा हाथ में सिर्फ नुकसान नियन्त्रित कइल हो सकेला. मुनाफा होखी कि ना, होखी त कतना होखी ई केहू ना बता सके. एहसे चढ़ जा बेटा शूली पर, भला करेंगे राम!

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।