अनैतिक बनल रहला के नैतिकता
morality-of-being-immoral
– अंजोरिया डेस्क
#नैतिक #अनैतिक #कांग्रेस #उपराष्ट्रपति-चुनाव
आजु के मथैला विरोधाभासी लाग सकेला बाकिर हवे ना. नैतिकता शब्द नीति से बनल बा आ नैतिकता के मतलब होला नीति का अनुसार आचरण. अनैतिक एकर विपरितार्थी शब्द ह जवना के मतलब होला नीति विरुद्ध आचरण. बाकिर नीति त नीति होला. हमार नीति आ राउर नीति एके जइसन होखल जरुरी नइखे. रउरा पीएम खातिर तू-तड़ाक वाला भाषा इस्तेमाल कर सकीलें बाकिर हम राहुल के रहुलवा कहल हो सकेला कि पसन्द ना करत होखीं. एहसे नीति त नीति होला बाकिर नैतिकता एह संदर्भ में देखल जाला कि ऊ एगो बड़हन आयाम में उचित नीति हवे कि ना. बाकिर फेर तब इहो सवाल उठ सकेला कि एकर फैसला के करी. बहुमत त बेवकूफनो के हो सकेला त का बेवकूफी वाली बात के सही मानल जा सकेला? सवाल कई गो हो सकेला आ सवाल कइला से आसान कुछ होखे ना, जवाब दीहला से कठिन कुछ होखे ना.
रउरा जानल चाहब कि आजु कवना विषय पर हम अनैतिकता आ नैतिकता के चरचा कर रहल बानी. त एकर संदर्भ बा काल्हु भइल देश के उपराष्ट्रपति के चुनाव. एह चुनाव में राजग के उम्मीदवार सीपी राधाकृष्णन के शानदार जीत मिलल आ एगो सजायाफ्ता मुजरिम का सोझा हाथ जोड़ के खड़ा रहे वाला इंडी गठबन्हन के उम्मीदवार रिटायर्ड जज बी सुदर्शन रेड्डी के हार हो गइल. चुनाव के परिणाम पहिलहीं से सभका मालूम रहल. ना मालूम रहल त बस इहे कि केकरा कतना वोट मिले जा रहल बा.
राजग उम्मीदवार के अनुमान से बेसी वोट मिल गइल आ इंडी गठबन्हन के उम्मीदवार के अनुमान से कम वोट मिलल. एह में भीतरघात के आरोप लगावल सही ना होखी काहे कि ई चुनाव अंतरात्मा के आवाज पर होला. कवनो दल भा गठबन्हन अपना सदस्यन पर कवनो दबाव ना डाल सकसु.
एह चुनाव पर आइल कांग्रेसी बोलतुआ – spokesperson – जयराम रमेश के ट्वीट आइल बा –
लिखले बाड़न –
“विपक्ष उपराष्ट्रपति चुनाव में पूरी तरह एकजुट खड़ा रहा।
विपक्ष का प्रदर्शन निस्संदेह रूप से सम्मानजनक रहा।
संयुक्त उम्मीदवार, न्यायमूर्ति (सेवानिवृत्त) बी. सुदर्शन रेड्डी ने 40% वोट हासिल किए। वर्ष 2022 में विपक्ष को केवल 26% वोट मिले थे।
भाजपा की अंकगणितीय जीत वास्तव में नैतिक और राजनीतिक दोनों तरह से हार है।
वैचारिक लड़ाई अनवरत जारी है।”
नैतिकता के ई दावा कांग्रेस हमेशा से करत आइल बिया. जब जब हारेले तब तब कहेले कि ई ओकर नैतिक विजय भइल बा. माने कि ई हार ओकरा नीति का मुताबिक सही परिणाम आइल बा. भगवान करे कि इंडी गठबन्हन के एह तरह के नैतिक विजय हमेशा मिलत रहो. देश खातिर इहे फायदेमन्द होखी.
0 Comments