हर्रे लगे न फिटकिरी रंग चोखो होय.
✍️ — अंजोरिया डेस्क
#profit_without_investment
ई एगो पुरान कहावत हऽ जवना के मतलब होला कि बिना कवनो मेहनत भा खरचा कवनो लक्ष्य हासिल कर लीहल – हर्रे लगे न फिटकरी
अब रउरा सोचत होखब कि कवना बात पर आज के आलेख बावे. त जान लीं कि ई डब्बा ट्रेडिंग के विज्ञापन ले के कइल जा रहल बा. आजु कुछ अइसन भइल जवन फेरू रेघरिया दिहलसि कि सोशल मीडिया का जमाना में कवनो खबर के वायरल होखत देर ना लागे. आ एक त रहली अपने करिया ओह पर लिहली कमरी ओढ़. सोशल मीडिया के एह बेपनाह ताकत के अब नया जोर मिल गइल बा आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस के. एकरा सहारे डीप फेक वीडियो बनावे, नकली आडियो रिकार्डिंग बनावे के काम खूब हो रहल बा. अगर रउरा कवनो फोटो भा वीडियो भा आडियो रिकार्डिंग के अपना सोशल मीडिया पर बिना सोचले समुझले फारवर्ड करत बानी त रउरो एह अपराध के भागीदार बानी.
नहीं पाप का दोषी केवल व्याध
जो रिपोस्ट करे उसका भी अपराध !
इहो दिनकर जी के एगो कविता के पंक्तियन के तोड़ मोड़ के बनावल गइल बा.
सभे जानत बा कि अपना देश में डब्बा ट्रेडिंग प्रतिबंधित बा आ सेबी के तेज नजर से बाचल सहज भा संभव नइखे. बाकिर आजु ई खबर वायरल हो गइल बा कि कइसे डब्बा ट्रेडिंग के विज्ञापन खुलेआम छपवावल जा रहल बा. प्रतिष्ठित बिजनेस चैनल सीएनबीसी आवाज पर आजु एगो वीडियो देखि के दिमाग ठनक गइल.
अधिका जानकारी खोजे चलनी त एक्स डॉटकॉम पर कई गो ट्वीट पढ़े के मिलल जवना में एह खबर के चरचा देखे सुने के मिल गइल. एक जने त बॉम्बे स्टॉक एक्सचेन्जो के वेबसाइट पर एकर विज्ञापन होखे के फेक फोटो डाल दिहलें. इहो ना सोचलन कि पता ना ई फोटो वास्तविक हवे कि एआई के कारस्तानी.
पहिलका नजर में हमरा त इहे लागत बा कि कवनो ठगराज जवन एह तरह के धंधा में मासूम लोगन के फँसा के आपन गोटी लाल करे के सोचले होखे. ई विज्ञापन जवना तरह से वायरल भइल बा पता ना कई लाख लोग एकरा के देख लिहले होखे आ ओहमें से मुट्ठियो भर लोग एह जाल में फँस जाव त ओकर त चानी हो जाईं! आ अतना बड़हन विज्ञापन अभियान पर ओकर खरचा ना के बराबर लागल. एही चलते हम एह आलेख के मथैला दिहले बानी – हर्रे लगे न फिटकरी!
पहिले त ऊ कवनो कलाकार से अइसन विज्ञापन बनवलसि जवना से लागल कि ई विज्ञापन एगो प्रतिष्ठित अखबार के मुखपृष्ठ पर छपल बा, बीएसई के वेबसाइट पर चलल बा. ओकरा बाद कुछ सोशल मीडिया पर एकर खबर चलवा दिहलसि. एकरो में कुछ लागल ना होखी ओकर बाकिर पहुँच देखीं एह अभियान के कि करोड़ों लोगन त चहुँप गइल होखी अबले. विज्ञापन के फोटो त हमहूं डलले बानी बाकिर ओकरा मेंं से ओह अखबार के नाम जानबूझ के हटा दिहले बानी. आ विज्ञापन में देखावल फोन नम्बरन पर कैंची चला दिहले बानी. जेहसे कम से कम दुनिया में भोजपुरी के पहिलका वेबसाइट Anjoria.com के पाठक एह झांसा में ना आवसु.
विज्ञापन में बतावल गइल बा कि आईं एह प्लेटफार्म पर ट्रेड करीं आ पाईं –
“500 गुना मार्जिन”
“नो केवाईसी”
“5 मिलियन ग्राहक”
“अबही स्कैन करीं आ तुरत ट्रेड करीं”
कुछ ना कुछ लोग त फँसले होखी. जइसे कि जब सीएनबीसी चैनल विज्ञापन में देखावल नम्बर पर फोन कइलसि त ओकरा के बझावे के भरपूर कोशिश कइल गइल कि महज एक हजार लगा के पाँच लाख तक के ट्रेड करीं. पूछल गइल कि अगर हमार घाटा हजार के पार चल गइल तब ? जबाब मिलल कि कवनो बात ना, हमनी का ओह घाटा के नौ सौ निनान्बहीं पर रोक देब जा. आ अगर एकरा बावजूद कवनो गलती से बेसी के घाटा हो गइल त ओकरा के नल्लिफाई कर देब जा ! जा बढ़ा के, मलमलिया मोड़ बचा के!
एहनी के त बस रउरा से हजारे पांच हजार वसूले के बा. हो सकेला कि हजार बजार लोग अजमावे का नाम पर अबहीं ले भेजियो दिहले होखे. खबर त अबहीं शुरु भइल बा पता ना अंत कहवां होखी.
एगो जिम्मेवार वेबसाइट होखला का नाते अंजोरिया अपना पाठकन के बतावल चाही कि डब्बा ट्रेडिंग के मतलब आपन डब्बा गोल करावल छोड़ दोसर कुछ ना हो सके. डब्बा आपरेटर तीन तसिया खेलावे वालन का तरह होलें. जब ले जीतत बानी तब ले उठे ना दी आ जब सब गँवा देब त जाईं अपना राहे!
एह तरह का ट्रेडिंग में आपरेटर राउर भरोसा जीतला का बाद रउरा से कुछ ट्रेडिंग करवाई आ शुरुआत में रउरा के कुछेक हजार भा लाख के मुनाफो करवा दी. अलग बात बा कि एह मुनाफा के रउरा के उठावे ना दी आ रउरा के तरह तरह के प्रलोभन दे के राउर सगरी जमा-पूँजी लगवा दी. आ जब घाटा हो जाई तब रउरा से जबरदस्ती वसूलो कर ली भा अगर कहीं जे रउरा रसूखदार निकलनी त कह दी कि जाईँ ई नुकसान हमहीँ उठा लेब. रउरा ट्रेडिंग करत रहीं. परीकऽ ऐ बिलार, एक दिन खइब मूसली के मार!
दुनिया में भोजपुरी में पहिलका वेबसाइट अपना बाइसवां साल के कगार पर बा. 19 जुलाई का दिने एकर बाइस बरीस पूरा हो जाई. एगो भोजपुरी प्रेमी होखला का नाते रउरा से निहोरा बा कि तन ना दे सकीं, धन ना दे सकीं तबहियों मन त मन से दीं. आ एकरा बारे में अपना हित-मित-इयारन के बताईं. अपना सोशल चैनल पर एकरा के साझा करीं.
0 Comments