एनजी के उनजी हिलावत राहुल

– अंजोरिया डेस्क

#N-G #keys #राहुल #जेनजी

एनजी के उनजी हिलावत राहुल

rahul-hopes-on-u-n-g-s-among-new-gen

A street bully

आजु के मथैला जान-बूझ के अइसन बनावल गइल बा जइसन यूट्यूब के वीडियो खातिर हर तरह के मीडिया करत रहेलें. कुछ लोग के एकर मतलब बढ़िया से बुझा जाई त कुछ लोग का कपार के उपर से निकल जाई. उनुका बुझइबे ना करी कि एह लेख में कहे का का कोशिश कइल गइल बा. बाकिर ठेंठ भोजपुरियन ला ई बहुते साफ होखी – जा बचा के मलमलिया मोड़ बचा के! एहसे बाकी लोगन ला साफ कर दीहल चाहत बानी कि ई मथैला बतावल चाहत बा कि नेता प्रतिपक्ष राहुल गाँधी के सगरी आशा एनजी माने न्यू जेनरेशन के उनजी माने अरबन नक्सल गुट पर टिक गइल बा.

राहुल खुला एलान कर चुकल बाड़न कि देश के लोकतंत्र बचावे के जिम्मेदारी उनुकर ना हवे. एकर जिम्मेदारी दोसरा केहू पर हो सकेला, उनुका पर ना. काहे कि माथ पर संविधान के लाल किताब राखि के घूमे वाला राहुल के अब उमेद नइखे रहि गइल कि ऊ लोकतंत्र का रास्ता से कबो सत्ता में आ पइहें. आ एहसे उनुका कवनो मतलब नइखे कि लोकतंत्र रहो भा चूल्हा भाँड़ में जाव!

हाल फिलहाल में अगल बगल के देशन के घटना क्रम देखि के उनुकर सगरी उमेद अब एही पर टिक गइल बा कि नयका पीढ़ी के अरबन नक्सल गुट उनुका ला राह निष्कटंक बनावे के काम करी. नाम लेबे खातिर त ऊ जेन-जी के नाम लिहलन बाकिर ऊ अतना बूड़बको ना हउवन कि उनुका मालूम ना होखे कि जेन-जी के बस चले त उनुकरे बैँड बजा देव. बाकिर जेन जी के मालूम बा कि राहुल के बजा के ओह लोग के कवनो लक्ष्य पूरा नइखे होखे वाला.

जेन जी के आन्दोलन वंशवादी राजनीति आ भठियरपन का खिलाफ रहल. नेपाल के जेन जी का आन्दोलन में शामिल कुछ गुट मौका के फायदा उठवलें आ नेपाल में बवाल के घिनाह दौर चला दिहलें. गनीमत इहे रहल कि जल्दिए उनुका बूझा गइल कि आस्तीन के एह अ-न-जीयन के ठिकाना लगावल जरुरी बा. नेपाल के हालात तुरते काबू में आ गइल आ कार्की ओहिजा के प्रधानमंत्री बना दीहल गइली. अब ई अ-न-जी चाहत बाड़े सँ कि कार्की इस्तीफा दे देसु.

उमेद बा कि राहुल के सलाहकार लोग उनुका के समुझा देव कि एनजी के उनजी डोलावल कहीं उनुके ला भारी मत पड़ जाव.

आ भोजपुरी के दूअर्थी भाषा का तरह इस्तेमाल करे का विरोध में ठाढ़ भोजपुरी प्रेमियन के बता दीहला में कवनो हरज नइखे कि भोजपुरी के दुअर्थी संवाद ओकर कमजोरी ना हो के ओकर ताकत हवे. ना त अतना ठेंठाह बात, गली मोहल्ला के स्लैंग का तरह इस्तेमाल करे के कवनो राह कइसे निकलीत!

आ जे लोग एह मथैला के कुछ अउर तरह से पढ़ लीहल ओहू लोग के अभिवादन. काहे कि हम शायद उहे कहल चहनी जवना के ऊ बूझलन.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।