रउलवा त मानी ना

– अंजोरिया डेस्क

#राहुल गाँधी #राउल #मोदी #सबसे अश्लील भाषा #vulgar language

रउलवा त मानी ना
raul-will-not-yield

A street bully

रउलवा त मानी ना बाकिर रउरा मान लीं कि जइसे राउल में एच जोड़ के राहुल बनावल जा सकेला ओही तरह राहुल से ह हटा के राउल बनावत देर ना लागे. राहुल आ राउल के ई घनचक्कर के बात एक बेर एह पोस्ट में दे चुकल बानी –
इस राउल विन्सी ने तो राहुल गाँधी के नाक में दम कर रखा है

बाकिर आजु हम जवना बारे में बतियावे आइल बानी ओह तरह के हालात पर एक बेर पहिलहूं लिख चुकल बानी –
नरेन्द्र मोदी घबड़ाए लागेला आ रहुलवा बड़बड़ाए लागेला

आगे रउरा से कहे से पहिले एगो सफाई दीहल जरुरी बा. बदतमीजी आ बदजुबानी में हम राहुल के बरोबरी ना कर सकीलें. हँ संजय राउत जरुर मुकाबला कर सकेलें. दोसरे रउरा कह सकीलें कि एह तरह से राहुल के नाम ना लेबे के चाहीं त हम कहल चाहब कि हर भाषा के आपन संस्कार होला आ एक भाषा में लिखल भा कहल बात के दोसरा भाषा के संस्कार से तुलना ना होखे के चाहीं. भोजपुरी आम आदमी के भाषा हऽ ठीक ओही तरह जब ग्रीक आ लैटिन के विद्वान कहल करसु कि – she wrote in English, a vulgar language: scholars wrote in Latin, the nobility spoke French.

आ हम जब जानल चहनी कि what is the most vulgar language in the world त गूगल बाबा बतवलन कि –
कोई एक “सबसे अश्लील भाषा” नहीं है, क्योंकि क्या अश्लील माना जाता है यह सांस्कृतिक संदर्भ और व्यक्तिगत धारणा पर निर्भर करता है । हालाँकि, कुछ भाषाएँ गालियों के समृद्ध शब्दकोष तथा उनका बार-बार प्रयोग करने के लिए जानी जाती हैं। क्रोएशियाई, नॉर्वेजियन और बल्गेरियाई ऐसी भाषाएं हैं जिनमें आमतौर पर गालियों का प्रयोग अधिक होता है। अफ़्रीकी भाषा अपने “भयंकर” अपशब्दों के लिए भी जानी जाती है, और यहां तक कि गैर-देशी वक्ता भी अपनी कुंठा को व्यक्त करने के लिए इनका प्रयोग करते हैं। अंततः, “सबसे” अश्लील क्या माना जाता है, यह व्यक्ति और संदर्भ के अनुसार अलग-अलग होता है, तथा कई भाषाओं में शक्तिशाली अपशब्द होते हैं।

अब एह सफाई का बाद हम फेरु रेघरियावल चाहत बानी कि रउलवा मानी ना. बदजुबानी आ बदतमीजी वाला भाषा में ओकर बरोबरी केहू ना कर सके. एकाध गो अपवाद छोड़ दीं त. अबहीं हाल ही में राहुल गाँधी के एगो भाषण मीडिया पर चरचा में आ गइल –

अब एकरा बाद राहुल के चमचा अगर मोदी के भगतन के गरियावल चाहसु त गरिया लेसु. बाकिर केहू त समुझावे ओकरा के कि एह तरह के भाषा आम आदमी बोले त ओकरा के समुझल जा सकेला बाकिर जब नेता प्रतिपक्ष आ देश के सबले पुरान राजनीतिक गोल के सबले बड़ नेता का मुँह से ई निकले त एकरा के नीक ना कहल जा सके.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।