✍️ – अंजोरिया डेस्क
#bihar-election-2025 #विधानसभा-चुनाव #तेजस्वी यादव
हरदी गुरदी बोले ला तइयार बा इंडी
surrender-before-a-fight
भोजपुरी इलाकन में लइकन का खेल में एगो परंपरा बन गइल बा कि जब कवनो खिलाड़ी भा गोल खेल में आपन हार तय देखो तब ऊ हरदी गुरदी बोल के खेल बन्द करवा सकेला.
एही साल का आखिर में होखे जा रहल बिहार विधानसभा चुनाव में आपन हार देखत इंडी गठबन्हन चुनावे से भाग सकेले. आजु एक्स पर समाचार एजेंसी एएनआई के एगो ट्वीट मे बिहार के उपमुख्यमंत्री रहल तेजस्वी यादव के इंटरव्यू देखावल गइल बा जवना में पत्रकार तेजस्वी के मुँह में आपन शब्द डालत पूछत बा कि, का चुनाव वहिष्कारो का बारे में सोच रहल बा इंडी गठबन्हन? आ एकरा जवाब में तेजस्वी यादव कहत बाड़न कि, हँ इहो हो सकेला. अगर बेईमानिये से चुनाव करावे के बा त काहे ना अइसनका चुनाव के वहिष्कारे क दीहल जाव, एह बारे में इंडी गठबन्हन का बइठक में विचार कइल जा सकेला. कहलन कि एह पर सोचल जाई कि जनता का चाहत बिया आ सभकर राय एह बारे में का बा.
जान जाईं कि मतदाता सूची के गहन पुनरीक्षण करवा रहल बावे चुनाव आयोग. ओकर कहना बा कि बहुते लोग मर मरा गइल बा, बहुते लोग बिहार का बाहर जा के बस गइल बा, बहुत लोग के नाम गाँवहू का मतदाता सूची मे बा आ जवना शहर मेंं नौकरी चाकरी करत बाड़न ओहिजो नाम डलवावल गइल बा. एकरा अलावे बहुते लोग जे भारत के नागरिक नइखे ओहू लोग के नाम मतदाता सूची में हेराफेरी कर के जोड़वा लीहल गइल बा. एहसे साल 2003 का 22 बरीस बाद मतदाता सूची के गहन पुनरीक्षण करवावल जा रहल बा. आ करीब 98 फीसदी काम हो गइल बा. चुनाव आयोग के कहना बा कि एह पुनरीक्षण का बाद ड्राफ्ट मतदाता सूची जारी होखी जवना में मिले वाला कवनो गड़बड़ी का खिलाफ शिकायत हो सकेला आ ओह शिकायतन का निपटारा का बादे अन्तिम मतदाता सूची जारी होखी.
बाकिर विपक्ष के ई बात मंजूर नइखे. ऊ लोग चाहत बा कि सगरी घुसपैठियन के नाम मतदाता सूची में बनल रहे दीहल जाव. एह बात के रेघरियववला के कवनो जरुरत नइखे काहें कि सभे जानत बा कि विपक्ष अपना तुष्टिकरण नीति का तहत अइसनका लोगन के हर सुविधा दिआवल चाहत बा जे भारत के नागरिको ना हऽ. बस ई लोग ओकर वोट बैंक बनल रहो एही लालच में अइसन कुतर्क गढ़ल जा रहल बा.
एही मुद्दा ले के आजु विपक्ष संसद के कार्यवाहियो के ना चले दीहलसि. आजुओ विधानसभा में विपक्षी विधायक सदन का बाहर निकल गइलें.
तेजस्वी के ई साक्षात्कार रउरो देख सुन लीं –
Patna, Bihar: When asked whether the opposition could mutually decide to boycott the elections, RJD leader Tejashwi Yadav says, “That too can be discussed. We will see what the people want and what everyone’s opinion is” pic.twitter.com/6r9fI2pCi0
— IANS (@ians_india) July 23, 2025
0 Comments