भउजी हो! अब ई देश रहे लायक नइखे रहि गइल.

भउजी हो! अब ई देश रहे लायक नइखे रहि गइल.

– अंजोरिया डेस्क

#मोदी #राहुल #हरकल #विदेशी नागरिकता

भउजी हो!

का बबुआ?

अब ई देश रहे लायक नइखे रहि गइल. the-country-is-not-worthy-of-staying

का हो गइल? अइसे काहे बतियावत बानी?

सोचऽ भउजी, एहिजा केहू कवनो भठियरपन ना कर पाई, राजनीतिक गिरोहन में शामिल लोग के दिन बदल गइल. कहाँ त कहल जाला कि बारह बरीस पर घूरो के दिन फिरेला. आ एहिजा मोदी के बारहवां बरीस आवे से पहिले सभका के घूरा पर फेंके तइयारी होखे लागल बा. नेता प्रतिपक्ष कवनो आरोप ना लगा पाई, अगर लगाई त ओकरा से सबूत माँगल जात बा. बतावऽ भला ई कइसन लोकतंत्र हवे जहाँ खात पीयत घरन के युवराज गली पेड़ा घूमे के मजबूर कर दीहल जात बाड़ें. बेचारा पप्पू, कहत रहुवे कि ओकर त जनमे सत्ता का बीच भइल आ आजु सत्ता ओकरा सपनो का बाहर जात लागत बा.

ई सब कुछ अचानके त भइल ना. सब हद से बाहर जाए लागी लोग त अंकुशा त लगावहीं के पड़ेला. बड़ा कहत रहुवे लोग कि मोदी तानाशाह हउवन आ सबेरे से साँझि ले लोग गरियावहीं मे लागल रहुवे. मोदी तेरी कब्र खुदेगी, चौकीदार चोर है. नीचे गिरला के कवनो सीमा ना रखले रहुवे लोग. अब अगर मोदी के तानाशाही के लक्षण झलके लागल त घबराए काहे लागल लोग? लोग के बुझाते नइखे कि उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ अपना पद से इस्तीफा दिहला का बाद से कहवां लापता हो गइल बाड़न. लोग के उमेद रहुवे कि सतपालो ले बेसी गदर मचा दी. आ ऊ अइसन चुप्पी साध लिहलन कि एह लोग के हवा टाइट होखे लागल बा.

ऐ भउजी, तोहरा का हो गइल! हमरा तोहरा से एह तरह के बात के उमेद ना रहुवे. हम त सोचले रहीं कि तू धीर बन्हइबू, कहबू कि घबराईं मत कुछऊ नइखे होखे वाला.

देखीं बबुआ जी. हर लाइन पर पलटी मत मारल करीं. लोकतांत्रिक त राहुल गाँधी हउवन. उनुके गोल कांग्रेस के सरकार बिया कर्नाटक में. आ राहुल मतदाता सूचियन में जवना गड़बड़ी के बात कहलन तवना बेरा कर्नाटक में कांग्रेसे के सरकार रहल. आ कर्नाटक के एगो मंत्री जब ई बात कह दिहलन त उनुका से इस्तीफा ना मांगल गइल सीधे बरखास्त करवा दिहलन पाकिट में संविधान ले के घूमे वाला संविधान के रक्षक होखे के दावा करे वाला राहुल. जाति गिनवावे के बात करीहें बाकिर जहवां गिनाइल बा तहवां के रपट ना जारी करवइहन. कहीहन कि पिछड़न के हक के लड़ाई लड़ीहें बाकिर जब जब मौका मिलेला तब तब पिछड़ा ना लउके उनुका. अब उपराष्ट्रपति के चुनावे में देख लीं. पिछड़ा उम्मीदवार का खिलाफ अगड़ा उम्मीदवार खड़ा करा दीहलन. मतदाता सूची में गड़बड़ी के आरोप लगइहें बाकिर चुनाव आयोग का कहला का हिसाब से शिकायत दर्ज ना करवइहन. अगर केहू के नाम गलती से भा साजिश का तहत मतदाता सूची से हटा दीहल गइल बा त ओकरा सोझा त विकल्प मौजूद बा आपन शिकायत दर्ज करावे के. आ जब ओकरा बादो ओकर नाम शामिल ना कइल जाव तब नू केहू आयोग के गलत बताई. अबही हालही मे पेश भइल विधेयक के देख लीं. दिल्ली के आ आ पाई केजरीवाल के करतूत फेर दुबार ना होखो एह चलते सरकार ई कानून बना दीहल चाहत बिया कि अगर केहू कवनो मामिला में जवना मे पांच बरीस के जेल हो सकेला, तीस दिन से बेसी जेल में रह जाई ओकर पद अपने आप खाली मान लीहल जाई. एह तीस दिन में ओकरा लगे सगरी अदालत मौजूद बाड़ी सं जहवां से ऊ आपन जमानत करवा सकेला समय भितरे. बाकिर ना. एह लोग के बस चले त कानूने बनवा देव कि जब कवनो पीएम सीएम मंत्री जेल जाई त ओकर आफिसो जेल से चलावल जा सकी.

बाकिर बबुआ असल बात त ई बा कि मोदी तानाशाह बनिये ना सकसु. तानाशाही उनुका संस्कारे में नइखे. ऊ त अपना विपक्षियन के अतना लमहर रस्सी देबेलें कि विपक्ष अपने फेंकल रस्सी में अझूरा जाव. ऊ त राहुल गाँधी से हरकल रहेलें. ना त नेशनल हेराल्ड के मामिला अतना दिन से लटकल ना रहीत. राहुल के नागरिकता के मुद्दा पर गृह मंत्रालय चुप्पी ना सधले रहीत.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।