आपरेशन सिन्दूर के बहस में केकर सेनूर पोंछाइल

– अंजोरिया डेस्क

#राहुल-गाँधी #मोदी #आपरेशन-सिन्दूर #संसद-बहस

आपरेशन सिन्दूर के बहस में केकर सेनूर पोंछाइल
Who lost the glory

आज के एह लेख के मथैला कि “आपरेशन सिन्दूर के बहस में केकर सेनूर पोंछाइल” एक तरह से देखीं त बेमतलब के सवाल बा. काहें कि पहिल बात कि जेकर सिन्दूर पोंछाए के कह सकीले ओकर माङ त एगारह बरीस से सून पड़ल बा. आ दोसरे ई लोग माङ में सिन्दूर के पिछड़ापन के निशानी मानेला भा एहसे परहेज करेला कि ई हिन्दुत्व से जुड़ल होला. आ एह लोग के कोढ़ में खाज का तरह मोदी सरकार अपना आपरेशनन के नाम कुछ एह तरह से राखल शुरु कर दिहले बिया कि विपक्ष के बिलबिलाहट के सीमा नइखे रहि गइल. पहिले आपरेशन सिन्दूर आ ओकरा पर से आपरेशन महादेव! भोले बाबा की जय !

बहस में बहुते लोग शामिल रहल बाकिर एहिजा हम कुछ खासे लोग के जिकिर कर पाएब. सबसे पहिले त राहुल गाँधी के कहनाम. काहे कि सबले बेसी उहे आ उनुकर गोले परेशान रहुवे कि आपरेशन सिन्दूर पर संसद में बहस करावल जाय आ एकरा ला विशेष सत्र बोलावल जाय. सरकार विशेष सत्र के बात त ना मनलसि बाकिर संसद के मानसून सत्र में आपरेशन सिन्दूर पर सोरह घंटा के बहस करावे ला तइयार हो गइल.

राहुल गांधी के भाषण के रेघरियावे जोग बाति रहल कि – सरकार में राजनीतिक इच्छाशक्ति के कमी का चलते सेना के पूरा आजादी ना दीहल गइल पाकिस्तान से निबटे खातिर. कहलन कि पाकिस्तान के पहिलहीं बता दीहल गइल रहुवे कि भारत ओकरा सैन्य ठिकानन पर हमला ना करी. एहसे साफ लउकत बा कि ई सबकुछ मोदी के इमेज प्रोटेक्शन ला कइल गइल.

आ राहुल गाँधी आ उनुकर गोल हमेशा हल्ला मचावत आइल कि मोदी सरेण्डर कर दीहलन ट्रम्प के सोझा जे छबीसन बेर दावा कर चुकल बाड़न कि भारत पाकिस्तान के युद्ध विराम ऊ करवलन.

तिसरका सवाल विपक्ष के रहुवे कि आखिर पहलगाम घटना का अतना दिन बाद ले दोषी आतंकियन के खोजल नइखे जा सकल

सबले अचरज भरल संजोग मानीं कि जहिया संसद में आपरेशन सिन्दूर पर बहस होखे वाला रहिये तहिये सेना के आपरेशन महादेव में तीनो आतंकवादी मरा गइलें. एहू पर विपक्ष के सवाल रहल कि आखिर ई कइसन संजोग कि एन बहसे का दिने एह लोग के मार गिरावल गइल. एहसे एक दिन पहिलहीं कांग्रेस के एगो बड़हन नेता पी चिदम्बरम के लेख छपल रहुवे कि पहलगाम हमला में पाकिस्तान के हाथ होखे के कवनो सबूत सरकार का लगे रहुवे. आ अगिलहीं दिन उनुका के गलत साबित करा दिहलसि सरकार. तब सवाल उठावल गइल कि आखिर तीन महीना ले ई आतंकवादी भारते में कइसे लुकाइल रहि गइले. शायद विपक्ष के लागल कि एहनी के पहिलहीं गिरफ्तार कर लीहल गइल रहुवे बाकिर खबर बनावे खातिर जान बूझ के ओही दिन मारल गइल जहिया संसद मे बहस होखे के रहल.

सरकार का तरफ से मंत्रियन आ सांसदन के बयान में एह सगरी अछरंगन के जबाब दे दीहल गइल बाकिर सबले बरियार जबाब मिलल हमहन के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी का तरफ से. संसद में ऊ साफ कह दिहलन कि दुनिया के कवनो नेता युद्ध विराम करावे खातिर उनुका से ना बतियवलसि कबो. युद्ध विराम त तब भइल जब पाकिस्तान के डीजीएमओ हरदी गुरदी बोल दीहलन. भारत के सैन्य कार्रवाई का बाद पाकिस्तान के होश ठिकाने लाग गइल आ ऊ गोड़धरिया कर के भारत के युद्ध विराम खातिर मनवलसि. भारत रोक द दिहलसि सैन्य कार्रवाई बाकिर इहो कहत बिया कि आपरेशन सिन्दूर थथमल बा बन्द नइखे कइल गइल. मोदी के कहना रहल कि महज बाइस मिनट के कार्रवाई में पाकिस्तान में आतंकी ठिकानन के पूरा विनाश कर दीहल गइल. मोदी के भाषण में विपक्ष पर सोझे दोष लगावल गइल कि विपक्ष पाकिस्तान का साथे मिलि भगत में बा.

जाने जोग इहो बा कि कांग्रेस आ विपक्ष के नीति खुलेआम पाकिस्तान चीन आ ट्रम्प के सङे रहे के बा. ई लोग अमेरिका का साथे ना ट्रम्प का साथे बा एकर अलगा से उल्लेख जरुरी बा. काहे कि बबुन के लागत बा कि ट्रम्प भारत का खिलाफ कड़ा कार्रवाई करि के भारत के नुकसान चहुँपावे ला तइयार बा.

आपरेशन सिन्दूर पर होखल बहस में सरकार का तरफ से रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, गृह मंत्री अमित शाह, विदेश मंत्री एस जयशंकर समेत कई लोग आपन बात राखल. एह बहस में विपक्ष का तरफ से गौरव गोगोई, प्रियंका वाड्रा, अखिलेश यादव, प्रणिति शिन्दे समेत कई सांसद शामिल भइलें.

शशि थरुर आ मनीष तिवारी के मन त रहुवे कि ओहू लोग के बोले के मौका मिलो बाकिर कांग्रेसी आलाकमान एकर इजाजत ना दिहलसि.

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के पूरा भाषण रउरो सुन सकीलें –

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।