के लूटल आप्शन ट्रेडर के

Who_Defrauded_Option_Traders

एने कई महीना से भारतीय प्रतिभूति आ विनिमय बोर्ड (SEBI) देश के वायदा कारोबारियन के धिरावत आइल रहुवे कि बिना पूरा जानकारी के वायदा बाजार में सौदा मत करे केहू काहे कि एह तरह के सौदा में 90 फीसदी लोग के नुकसान उठावे के पड़ेला.

बाकिर बधाई होखो सेबी के कि ऊ अतने पर रुकल ना रहुवे. ऊ एकरो जाँच करे में जुटल रहुवे कि ई हो काहे रहल बा. काहे कि वायदा बाजार में जब केहू के नुकसान उठावे के पड़ेला त सामने केहू जरुर होला जे मुनाफा बटोरेला. सेबी जानल चाहत रहुवे कि आखिर भारत के रिटेल ट्रेडरन के होखे वाला नुकसान का एवज में चाँदी के काटत बा. आ सेबी खोजिए निकललसि एगो अमेरिकन कंपनी के जे कर हिन्दुस्तानी रुप एहिजा ई कारनामा करे में लागल रहुवे. चूंकि ई मामिला अब विचाराधीन बा से जब ले कवनो अदालत फैसला सुना नइखे देत तब ले कवनो कंपनी के कसूरवार ठहरावल सही ना कहाई. बाकिर मामिला जे बा ओकर बरनन करे खातिर नाम त बतावहीं के पड़ी, ऊ दोषी साबित होखो भा ना.

त जान जाईं कि एगो अमेरिकन कंपनी जेन स्ट्रीट (Jane Street) के सेबी एह मामिला में असली कलाकार बतावत बिया. सोचीं कि कवनो बड़हन कंपनी इंडेक्स में शामिल कंपनियन के शेयर महँग दाम पर खरीद के सस्ता दाम पर बेचत होखे ऊ कतना धूर्त हो सकेले. हालांकि कंपनी के कहना बा कि ऊ त आरबिट्रेज का सहारे आपन आमदनी बनावत रहल.

होखल का करे कि जहिया फ्यूचर भा आप्शन के एक्सपायरी दिन होखत रहुवे ओह दिन सबेरे कुछ चुनिंदा कंपनियन में जम के खरीददारी कइल जात रहुवे. लोग के बुझाव कि बाजार में तेजी आइल बा त बाकियो लोग खरीददारी में लाग जाव. बाकिर शिकारी जाल बिछा के दाना फेक के तिकवत रहत रहे आ अचके में आपन खरीदल सगरी शेयर औनेपौने दाम में बेच देत रहुवे. बतावल जात बा कि एह तरह के सौदा से कंपनी के औसतन रोज करीब 2 से 3 करोड़ के नुकसान होत रहुवे. बाकिर ई नुकसान त जाल बिछावे आ दाना फेंके में लागत रहुवे. असल निशाना रहत रहुवे फ्यूचर आ पुट आप्शन जवना के बड़हन खरीददारी कंपनी पहिलहीं क के बइठल रहत रहुवे आ जम के मुनाफा बटोर लेत रहुवे. सेबी का हिसाब से एह गोरखधंधा से कंपनी के जनवरी 2023 से मार्च 2025 का बीच करीब ₹43,289 crore (~US $5.2 billion) के नाजायज कमाई, सेबी का नजरिया से, कंपनी के भइल. एह पर सेबी ₹4,843 crore (~US $570 million) के जुर्माना लगा दिहले बिया कंपनी पर आ ओकरा के शेयर बाजार में कवनो तरह के खरीद बेच करे पर रोक लगा दिहले बिया.

SEBI कंपनी Jane Street पर आ एकरा हिन्दुस्तानी कंपनियन JSI Investments Pvt Ltd, JSI2 Investments Pvt Ltd, Jane Street Singapore Pte Ltd, आ Jane Street Asia Trading Ltd पर पूरा तरह से रोक लगा दिहले बिया शेयर बाजार में कुछऊ करे पर.

एक बिलियन डॉलर आजु का हिसाब से 85 अरब 40 करोड़ छियानबे लाख रुपिया का बराबर होला ! इहो जाने जोग बा कि कंपनी के नाम के मतलब का होला. त एगो शब्द ह Zen. आ एकर मतलब होला कि आराम से निफिकर हो के रहऽ अगर तू हालात बदल नइखऽ सकत ! आ आप्शन ट्रेडरन के एही मानसिकता में डाले वाली कंपनी के नाम जेन राखल रहल. पता ना ई बात सही बा कि गलत. हो सकेला के कवनो जेन होखसु जेकरा नाम पर कंपनी आपन नाम रखले होखे.

Jane Street भर दुनिया में आपन धंधा करेले आ एकर मुख्य काम होखेला ट्रेडिंग चाहे ऊ शेयर के होखे, इंडेक्स फंड के होखे, फ्यूचर आप्शन के होखे, बॉण्ड के होखे वगैरह वगैरह.

साल 1999/2000 में अमेरिका के न्यूयार्क शहर में टिम रेनॉल्ड्स, रॉब ग्रेनियरी, मार्क गर्स्टेन आ माईकेल जेनकिन्स एकर शुरुआत कइले रहलन. आजु दुनिया भर में एह कंपनी में ढाई से तीन हजार कर्मचारी काम करेलें. आ एकर कार्यालन न्यूयार्क, लंदन, हांगकांग, सिंगापुर, एमस्टर्डेम, आ भारत के आर्थिक राजधानी मुंबई में बा.

0 Comments