सनकाह आ बताह : बतकुच्चन – 222

– अंजोरिया डेस्क

#बतकुच्चन #सनकाह #बताह #झनकाह #छनकाह

सनकाह आ बताह : बतकुच्चन – 222
Word play on different shades of madness

एगो उहो जमाना रहल जब हर हफ्ता एगो बतकुच्चन लिखल करीं जवना के कोलकाता के मशहूर हिन्दी दैनिक सन्मार्ग में हर अतवार का दिने प्रकाशित कइल जात रहुवे. सन्मार्ग त अबहियों बा बाकिर हम अब ओह मार्ग पर सफर नइखीं करत काहे कि समय बदलेला, समय का साथे अखबार पत्रिका भा चैनल के मलिकान भा उनुकर विचार बदल जाला, भा संपादक बदल जालें. का भइल, काहे भइल एह चरचा में पड़ला के जरुरत नइखे. दुनिया में भोजपुरी भाषा में पहिलका वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम एक तरह से हमार पागलपन कहल जा सकेला. बाकिर हमरा के सनकाह भा बताह ना कहल जा सके. काहें कि कुछ करे का जिद्द के पागलपन कुछ अउरिए तरह के होला.जिद्द रहल कि भोजपुरी के दुनिया के इंटरनेट पर मौजूद करा दीं आ आजु सैकड़न वेबसाइट बाड़ी सँ भोजपुरी में. अंजोरिया के बाइसवां बरीस चल रहल बा जबकि बाकी वेबसाइटन के अतना लमहर उमिर ना रह सकल. अधिकतर के त जनमते जम्हुआ छू देला.

एने कुछ समय से दुनिया में एगो सनकाह आ भारत में एगो बताह चरचा में बा. त सोचनी कि काहें ना आजु बहुते दिन से छूटल बतकुच्चन के आदत पर लवट चलीं. सूची देखनी त अंजोरिया पर बतकुच्चन से जुड़ल 221 लेख मिलली सँ. कुछ के नंबर दीहल बा, कुछ बिना नंबर के बा. एहसे एह बतकुच्चन के 222वां नंबर दे दिहले बानी. बाकिर सिलसिलेवार खोजे के कोशिश मत करब. बस बतकुच्चन खोज लीं आ पढ़त जाईँ. कुछ लेख सामयिक होखला का बावजूद आनंद का मामिला में शाश्वत होखेला. दू गो बतकुच्चन के जिक्र अइसहीं कर देत बानी. जइसे कि अलबल करे खातिर अलबलाह होखल जरूरी ना होलाटेंटीहा, लरछूत, आ पराछूत का बहाने स्लैंग के चरचा.

जइसे कि पीएम मोदी संसद में आपरेशन सिन्दूर के चरचा करत घरी साफ कह दिहलन कि युद्धविराम करावे खातिर दुनिया के कवनो देश के नेता भारत से बात ना कइलें. नाम त ना लिहलें बाकिर सगरी दुनिया जान गइल कि केकरा बारे में कहल गइल. आ ओह इशारा के परिणाम ई निकलल कि सनकाह हो चुकल ट्रम्प ओकरा बादे से भारत पर हमलावर हो गइल बाड़न. दुनिया के बड़हन आर्थिक शक्तियन में शामिल भारत आ रूस के अर्थव्यवस्था के मृत बता दिहलन एही खीसि में. एहसे सनकाह के माने बतावल आसान हो गइल ट्रम्प के उदाहरण से. जे केहू अपना कवनो सनक में काम करे लागे फैसला करे लागे ओकरे के सनकाह कहल जाला. सनकाह होखला खातिर सनक होखल जरुरी होला. बाकिर बताह ?

पहिला नजर में लागी जे कि बिना मतलब के बात करे वाला के बताह कहल जाला. जी ना. बताह वात (हवा, वायु) का तरह उधियात रहेला. ओकर कवनो आधार ना होखे, नाही कवनो मकसद होखेला. अब नाम ना लिहला का बावजूद रउरा सभे जानिए गइल होखब कि हम कवना नेता के बताह कहत बानी. बालबुद्धि भा पप्पू का नाम से मशहूर हो चुकल नेता के भारते ना सगरी दुनिया जान गइल बा.

अब जब सनकाह आ बताह के चरचा निकलिए गइल त सोचनी कि काहे ना आजु एह पर गंभीर चरचा कर लिहल जाव. सनकाह आ बताह का कतार में रउरा पिनकाह, खिसियाह, मरखाह, मतसुन्न, वगैरह कई प्रकार के पागलपन जोड़ सकीलें. ठकुआइल आ भकुआइल एही में शामिल कर लीं. बनबनाइल, झनझनाइल,

पागलपन से जुड़ल अंगरेजी भाषा के शब्द Insanity (पगलाइल), Psychosis (काल्पनिक दुनिया में जीयल), Schizophrenia (दू तरह के भाव मे रहे वाला, जे एक पल हँसत मिल जाई त दोसरे पल रोवत), Mania (बेकाबू हो गइल), Delirium (बकबकाह), Paranoia (हर बात में साजिश देखल), Dementia (भुलक्कड़पन), Catatonia (ठकुआइल), Obsessive (एके बात लेके अंटा-छाँटा कइल) बहुते शब्द मिल जाई. बाकिर स्लैंगन के अंदाज कुछ अउरी तरह के होला. जइसे कि –
Bonkers (दिमाग के पेंच ढीला हो गइल), Loony (मस्तमौला टाइप के), Nuts (जेकर दिमाग खिसक गइल होखे), Cracked (गलत के सही समुझे वाला), Cuckoo, Touchy (छनकाह), Barmy, Batty, Wacky वगैरह.

जइसे अंगरेजी के हर शब्द के भोजपुरी समानार्थी खोजल आसान ना होखे वइसहीं भोजपुरी के हर शब्द के अंगरेजी में त छोड़ीं कई बेर हिन्दिओ में समुझावल मुश्किल हो जाला. आ हर असामान्य मानसिक स्थिति के पागलपन ना कहल जा सके. थोड़ बहुत पागलपन त सभका में मिल जाई. कुछ में कम कुछ में बेसी. बाकिर सभका के पागल ना कहल जा सके. सनकाह भा बताहो सभका के ना कहल जा सके. एकरा के अर्जित करे के होला. बहुत मेहनत आ समर्पण होखे के चाहीं सनकाह बताह बने खातिर. पिनकाह आ छनकाह बनावल त दोसरा का हाथे होला. जबले केहू पिनकावे ना तब ले पिनकाह शान्त रहेला. वइसहीं जबले केहू खोंचे ना तब ले छनकाहो छनके ना.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।