राउर उम्मीद, राउर जिद्द, आ राउर घमंड

राउर उम्मीद, राउर जिद्द, आ राउर घमंड
your hopes, your obstinacy, your inflated ego

– टीम अंजोरिया

#वाणिकी #शेयर ट्रेडिंग #नफा-नुकसान

आजु छुट्टी के दिन ह आ शेयर बाजार बन्द बा. त सोचनी कि काहेें ना आजु शेयर वाणिकी (ट्रेडिंग) पर चरचा कर लीहल जाव. अब रउरा सोचत होखब कि बड़- बड़ जनेे दहाइल जासु गदहा थाहे कतना पानी! शेयर बाजार केे ज्ञान बाँटे वालन के कमी नइखे. कवनो सोशल साइट खोलीं शेयर का बारे मेें जतना ज्ञान छितराइल मिल जाई ओतना दाना त शिकारियो ना डालल करेे अपना जाल मेंं चिरई बझावेे ला. आ एहमें हमार कवनो बात कहल उहे होखी कि – सब छँवड़ी झूमर पाड़े त लंगड़ी कहे हमहू!

एहसे आजु हम कवनो ज्ञान छाँटे नइखी जात. शेयर वाणिकी हम पिछला तीसन बरीस से करत आइल बानी. तबसे जब बाजार के पिट में खड़ा ट्रेडर चिल्ला चिल्ला के बोली लगावल करसु, जब शेयर केे सर्टिफिकेट मिलत रहुवे, जब दिन के सबले ऊँच दाम पर रउरा के मिले वाला शेयर दिन के सबले कम दाम पर बिका पावत रहुवेे. आ बीच के कमाई राउर ब्रोकर भा ओकर एजेंट कमात रहुवेे. आजु ना त शेयर सर्टिफिकेट मिलेला, ना पिट में खड़ा होके चिल्ला चिल्ला के सौदा. अब सब कुछ आनलाइन बा. खरीदनी त शेयर रउरा खाता मेंं आ जाई आ ओकर दाम रउरा खाता सेे निकल जाई, बेचनी त रउरा खाता से शेयर निकल जाई आ दाम जमा हो जाई. आ ई सब कुछ पलक झपकतेेे!

ओहू जमाना मेंं एकरा के सट्टा बाजार कहल जात रहुवे आ आजुवो लोग सट्टाबाजी करेे से बाज ना आवेे. अंतर अतने आइल बा कि तब बहुत कम लोग एह काम में लागल रहुवेे, आजु बहुते ज्यादा लोग. शायदे कवनो घर परिवार होखी जवना के कवनो ना कवनो सदस्य शेयर बाजार मेें आपन हाथ ना आजमावत होखे. हम त इहे जानेनी कि शेयर बाजार में तीन तरह केे लोग होला. एक तरह के लोग ला ई बिजनेस होला, दुसरका खातिर व्यसन, आ तिसरका के बेेबसी! जे भुलाईल थरिया गगरी में खोजल करेेला!

बिजनेस करेे वाला लोगन में दू तरह के लोग होखेेला. एक तरह के लोग ट्रेडिंग कर केे कमाला त दोसरा तरह के लोग सिखावे का नाम पर.
व्यसन करे वाला लोगो दू तरह के होला. एक तरह के लोग दोसरा का सलाह पर खरीद-बेच कइल करेला त दुसरका तरह के लोग अपना अपना पसन्द सेे. रउरा अगर दोसरा के सलाह पर खरीद-बेच करीलेें त रउरा खिलाड़ी ना हईं रउरा कठपुतली हईं जेकर डोर दोसरा का अंगूरी मेें बा. आ अगर रउरा अपने से सोच विचार कर के खरीद बेच करीलेें त आजु के ई लेख रउरे खातिर लिख रहल बानी.
तिसरका तरह के लोग ऊ हवेे जेे बेेबसी में शेयर बाजार में आपन किस्मत आजमा रहल बा. एहू लोग केे एह लेख से कुछ फायदा हो सकेेला.

हम अपना हर लेख मेें बतावत रहीलें कि हम कवनो निवेश सलाहकार ना हईं ना ही शोध विश्लेषक. हम आपन अनुभव साझा करीलें आ कबहूं कवनो स्टॉक विशेष के नाम ना लीं जवना के खरीदे भा बेचे के सलाह होखो. हम हईं केे जेे रउरा के सलाह दे सके. रुपिया राउर लागी, नफा नुकसान राउर होखी. हम त बस आपन अनुभव साझा करे के कोशिश करीलेें जवना से रउरा ओह गलती केे दोहरावेे से बाँची जवन हम कर चुकल बानी.

शेयर बाजार में बहुते लोग बहुते कुछ राउर दोस्त हो सकेला. अब ओकर दोस्ती रउरा ला कतना कारगर बा सेे त रउरेे जानत होखब. आजु हम रउरा केे शेयर वाणिकी में राउर तीन गो दुश्मनन के भेद खोले जा रहल बानी. के बड़ छोट कहत अपराधू वाला तथ्य से एहमेंं कवन दुश्मन राउर सबले बेसी नुकसान करावेला से बतावल मुश्किल बा. बाकिर हम सबले बड़का दुश्मन रउरा उम्मीद के मानीलें. दोसरका दुश्मन होला राउर जिद्द आ तिसरका दुश्मन होला राउर घमंड. अगर रउरा अपना एह तीन गो दुश्मनन सेे निपट लिहनी त केहू नइखेे जे रउरा के आसमान छूवे से रोक लेव. बाकिर ई तीनो दुश्मन कुछ कमजोर भलेे पड़ जासु एहनी के पूरा सफाया बहुत मुश्किल होखेला. बाकिर कोशिश कइला में कवन हरज! कोशिश करे वाला के हार ना होखे!

लईकाईं सेे आजु तकलेे हमहन केे इहे सिखावल गइल बा कि कइसेे सफलता पावल जाव. सफल होखे ला कतना मेहनत करेे पड़ेला वगैैरह. बाकिर ई केहू ना बतावेे कि असफलता सेे कइसे निपटल जाव. इयाद बा जब स्कूल के परीक्षा मेें खराब नंबर आ जाव त गार्जियन के आपन मार्क्सशीट देखावेे में कतना डर लागेे. आ देखा दिहनी कनपटी लाल होखे मेें देर ना लागत रहुवे. बाकिर शेयर वाणिकी में रउरा जीते से पहिले हारे के सीखे पड़ी. अब रउरा कहब कि शेयर वाणिकी में त अधिका लोग हरबे करेला. त जान लीं कि ई बात राउर दुश्मन फइला के रखले बाड़ेें जेेहसेे रउरा हारे ला तइयार रहीं.

आजु हम रेघरियावल चाहत बानी कि शेयर बाजार मेंं कुछऊ हो सकेला. आ केहू ना मिली जे दावा कर सको कि ऊ कबो हारेे ना. ओकरा हर सौदा में नफा हो के रहेला. अगर रउरा से केहू ई कहे त बूझ जाईं कि ऊ रउरा से झूठ बोल रहल बा भा अबहीं ढेर दिन नइखे भइल ओकरा बाजार मेंं अइले!

बात बहक के दूर चल जावे ओहसे पहिले लवटल जाव दुश्मनन का तरफ. वणिकन के तीन गो दुश्मन होलें उम्मीद, जिद्द, आ घमंड! रउरा हमेश‌ा से सुनत आइल बानी कि बाजार डर आ लालच से चलेला. ई बात सही बा बाकिर रउरा नफा भा नुकसान रउरा एह दुश्मनन पर निर्भर करेला.

मान लीं कि रउरा कवनो सौदा कर लिहनी आ अब ऊ सौदा नुकसान दे रहल बा आ गँवेे-गँवे नुकसान बढ़ल जा रहल बा. इहे समय होला जब राउर तीनो दुश्मन आपन खेल शुरु कर देलेें. घमंड कहेला कि हमार फैैसला गलत होइए ना सके, जिद्द कहेला कि हार मत मानऽ, आ उमेद कहेेला बस कुछ देर अउर. पासा पलटही वाला बा! अलग बात बा कि ऊ पासा पलटेला कम रउरा के धँसावल करेेला बेेसी. कम नुकसान पर आपन सौदा काट दीहल आसान होला बाकिर तब राउर ई तीनो दुश्मन रउरा के बझवले राखेेलेें सौदा काटे से रोके खातिर. आ जब नुकसान हद से बेसी हो जाला त रउरा अपना एह दुश्मनन के दोष ना दीं. अपना किस्मत के दोष देबे लागीलें. रउरा लागेला कि बाजार रउरा खिलाफ बा. आ रउरा जसहीं कुछ खरीदीलें ओकर दाम गिरे लागेला आ बेचला का बाद तुरते चढ़ेे लागेेला. बाकिर बाजार के इहे भाषा होखेला. रउरा समझ ना पाईं. असल में बाजार के असली खिलाड़ी बड़का धनपति होखेलेें. उनुका लगे रुपयो बेसी होला, जानकारियो बेसी होला आ धीरज त बेहिसाब होला. अगर ओह लोग का लगे रउरा से कुछ कम होखेला त ऊ होला उनुकर उम्मीद ! ऊ ढेर कमाए ला रुकल ना रहसु. उनुकर लक्ष्य बहुतेे कम के होखेेला. ऊ लाख-करोड़ लगा केे हजार सौ कमाइल चाहेले आ रउरा सौ हजार लगा केे लाख करोड़ के सपना देखत रहीले. बैंक में सालान आठ फीसदी के ब्याज रउरा ठीक लागेला बाकिर बाजार मेें रउरा हजार फीसदी ना त सौ डेढ़ सौ फीसदी के सपना त जरुरे देखल करीलेें.

एहसेे आजु से अपना दुश्मनन के खतम कइल शुरु कर दीं. घमंड मत करीं कि राउर फैसला त एकदम सही होखी. सौदा में बनल रहे के जिद्द मत राखल करीं. आ उमीद का भरोसे मत रहीं. कुछ खरीदे से पहिले तय कर लीं कि रउरा कतना घाटा बरदाश्त कर सकीलें. ओही हिसाब सेे स्टॉप लॉस लगा के राखल करीं. आ सौदा करेे से पहिलेे तय कर लीं कि कतना मुनाफा रउरा ला संतोष दे दी. घाटा रउरा बस मे होला कि कतना पर रोक सकीले. मुनाफा रउरा हाथ मे ना होखे से मुनाफा होखत होखे त आपन स्टॉपलॉस उठावत जाईं. मुनाफा कतना होखी से बाजार पर छोड़ दीं. घाटा अपना सेे तय कर केे राखी.

उमीद, जिद्द, आ घमंंड पर भरोसा कइले रहब त रउरा केे नुकसान होखे से केहू बचा ना सकेे. बाकिर राउर मरज़ी.

अगर हमार बात नीक लागल त दोसरा से साझा करीं आ गलत लागल त हमरा के बताईं कि हमार गलती कहाँँ बा!

 

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।