बृजवा के एतिहासिक लांचिंग
एह साल के सबसे बड़ हिट फिलिम मुन्नी बाई नौटंकी वाली आ धरमवीर के निर्माता जितेश दुबे के नयका भोजपुरी फिलिम बृजवा के मुहुर्त जब अंधेरी का ट्रायो डिजिटल स्टूडियो में भइल त गुलदस्ता लिहले आइल भोजपुरी फिल्मोद्योग के दिग्गजन के भीड़ लाग गइल आ सब केहू जितेश दुबे के जम के बधाई दिहल. नारियल फोड़े के रस्म सुपर स्टार विनय आनन्द आ जीतेश दूबे ताली का गड़गड़ाहट का बिच निभवले.
एह मुहुर्त का अवसर पर निर्माता पायल दुबे आ निर्देशक मंजुल ठाकुर सभकर तहेदिल से स्वागत करे में लागल रहले. पत्रकारन का सोझा बृजवा के टीम के ले आवे के काम जितेश दुबे मंजुल ठाकुर के ले आके उनका जिम्मे लगा दिहलन. फिलिम के तीनो नायक विनय आनन्द, सुदीप पाण्डेय, आ दीपक दुबे, नायिका गुंजन पंत, कल्पना शाह, फूल सिंह, बृजेश त्रिपाठी, आलोक यादव, बदरुद्दीन अंसारी, संजय पाण्डे, नीलिमा सिंह, किट्टू, मनोज दुबे आ प्रमोद गोस्वामी समेत गीतकार विनय बिहारी, संगीतकार धनंजय मिश्र वगैरह के जब मंच पर बोलावल गइल त टीम के अपना कैमरा में कैद करे खातिर मीडिया में अफरा तफरी मच गइल. मंजुल ठाकुर बतवलन कि एह फिलिम से दीपक दुबे के लांच कइल जा रहल बा आ अइसनका डायनामिक कलाकार के लांचिंग खातिर बृजवा से बढ़िया दोसर कवनो फिलिम ना होखित.
एह मुहुर्त समारोह में बृजवा के टीम के बधाई देबे खातिर देशद्रोही के निर्देशक जगदीश शर्मा, सुनीळ बुबना, राजकुमार पाण्डेय, निर्माता आलोक कुमार, निर्देशक असलम शेख, मुकेश पाण्डे, अंजनी तिवारी आ कानू मुखर्जी समेत बहुते लोग आइल रहे. बृजवा के मुहुर्त जवना धूमधाम से कइल गइल ओकरा के ढेर दिन ले याद राखल जाई. मीडिया का स्वागत में शशिकांत सिंह आ रंजन सिन्हा लागल रहले.
स्रोत : शशिकान्त सिंह, मुंबई. फोन: 9322411335, 9833295806