भोजपुरी के नयका सितारा आशीष
अपना पहिलके फिलिम उमरिया कइली तोहरे नाम से सफलता के परचम लहरावे वाला आशीष गिनल चुनल कलाकारन में शामिल हो गइले जे अपना पहिलके फिलिम से सितारा बन गइल होखे.
यूपी का उद्योगनगरी कानपुर से आवे वाला आशीष के लड़िकाइयें से अभिनेता बने के शौक रहुवे आ एहि चलते अपना बाबूजी का बिजनेस में हाथ बटावे का जगहा ऊ दिल्ली आ गइलन. दिल्ली में कुछ दिन मॉडलिंग कइला का बाद मुंबई अइलन आ आर एस दुबे प्रोडक्शन के फिलिम उमरिया कइली तोहरे नाम साइन करे के मौका मिल गइल. फिलिम बन के पूरा भइल आ हालही में बिहार में रिलीज भइल बा.
उमरिया कइली तोहरे नाम में आशीष एगो अमीर खानदान के विदेश में पढ़ल लिखल होनहार नौजवान का भूमिका में बाड़न आ उनकर नायिका बनल बाड़ी रानी चटर्जी. रानी जइसन मशहूर अदाकारा का साथ आशीष के जोड़ी दर्शकन के बहुत पसन्द आइल बा. उनका पर फिल्मावल सानिया मिर्जा कट नथुनिया बहुते हिट हो गइल बा.
फिल्म विधा के जानकारन के कहनाम बा कि आशीष में अभिनय क्षमता जबरदस्त बा जवन उनुका के आवे वाला दिन में भोजपुरी के स्थापित अभिनेता बना दीहि. उमरिया कइली तोहरे नाम के अपना सफलता के पहिलका सीढ़ि माने वाला आशीषो के इहे कहल बा. बकौल आशीष अभिनये उनुका जीवन के लक्ष्य बा आ एकरे बदे ऊ खुद के समर्पित कर दिहले बाड़न.
स्रोत : उदय भगत, मुंबई. फोन 09967485359