चोर जी नमस्ते के शूटिंग पूरा
पुनर्वा फिल्म्स का बैनर में बन रहल भोजपुरी फिलिम चोर जी नमस्ते के शूटिंग के काम पूरा हो चुकल बा. शूटिंग बिहार के हाजीपुर, सोनपुर, आ महाराष्ट्र के मुंबई में करावल गइल बा. एह फिल्म के प्रस्तोता भजन सम्राट अनूप जलोटा हउवें आ निर्माता अमरेश कुमार सिंह.
चोर जी नमस्ते के कहानी एगो गरीब लड़िका पर आधारित बा जे बचपन में आपन पेट भरे खातिर छोट मोट चोरी करत करत बड़ होके बड़ बड़ चोरी करे लागऽता बड़का आदमी बने का फेर में. चोरी करत पकड़इला पर पुलिस वालन के घूस देबे में संकोच ना करे एहसे पुलिस वाला ओकरा के चोरजी नमस्ते करत रहेलें. फिल्म के निर्देशन सनोज मिश्रा कइले बाड़े आ नंत्य निर्देशन कानू मुखर्जी. बेस्ट आयटम डांसर के खिताब जीत चुकल सीमा सिंह के एहमें एगो जोरदार आयटम सांग बा आ मुख्य अभिनेत्री के किरदार कर रहल बाड़ी कल्पना शाह. चोर जी का भूमिका में पवन सिंह बाड़े.
चोरजी नमस्ते के कथा पटकथा रोजा उस्मानी आ सुबोध गाँधी के लिखल बा. मुख्य कलाकारन में बिपिन बहार, रोजा उस्मानी, आनन्द मोहन, मनीष महीवाल, संजीव संजू, निर्मल पाण्डे, उमेश सिंह, देव जोशि, सीपी भट्ट, चमन गाँधी, जया पाण्डेय, कोयल मिश्रा, पल्लवी पाण्डेय, आ संगिता सिंह के नाम लिहल जा सकेला.
स्रोत संजय भूषण पटियाला, मुंबई से.