दूल्हा अलबेला

स्रोत :- प्रशान्त निशान्त, इन्टरटेनमेन्ट मीडिया, पटना, फोन 09934208664, 09334354484, 09967996624 मुम्बई

Dulha Albela

भोजपुरी सिनेमा के इतिहास में सफलतम फिलिमन में से एगो निरहुआ रिक्शावाला पेश करे वाला अंक मीडिया प्रा॰लि॰ अब अपना बैनर तले दोसरका भोजपुरी फिलिम दूल्हा अलबेला ले के आ रहल बा. दूल्हा अलबेला के निर्माता हउवन अशिक कोटवानी आ निर्देशक केडी जे निरहुओ रिक्शावाला के निर्देशक रहलन.

Dulha Albela

एह रोमांटिक लव स्टोरी में भाई बहिन के प्यार आ ओह बहिन के एगो सीधा सादा लड़िका का साथे मुहब्बतो के देखावल गईल बा.

Dulha Albela

दूल्हा अलबेला के मुख्य किरदारन में सुशील सिंह, विक्रांत सिंह, मोनालिसा, प्रकाश जैस, पृथ्वी सिंह, मेहनाज, मामा यादव आ इरशाद खान बाड़े.

Dulha Albela

गीत श्याम देहाती के लिखल हवे आ संगीत राजेश रजनीश के. संवाद लिखले बाड़े सुरेन्द्र मिश्रा.

Dulha Albela

फिल्म में विक्रांत सिंह एगो मस्तमौला युवक का किरदार में बाड़े जे मोनालिसा का मोहब्बत में बहुत कुछ कर गुजरत बा. फिल्म के फर्स्ट लुक देख के इहे लागत बा कि विक्रांत मोनालिसा के जोड़ी लोगन के बहुते पसन्द आई.

Dulha Albela

फिल्म छठ का मौका पर रिलीज कईल जाई.


Now it is your turn for Feedback

Name:

Email address:

Feedback :

Referred By :


Powered by thesitewizard.com