दामाद चाहीं फोकट में

स्रोत :- धर्मेन्द्र कुमार पाण्डेय, गोरखपुर. फोन 9415266059

Pranav Tripathi, Manoj Mishra Mihir, and Bal Kishan Singh

मशहूर निर्माता पंडित सुधाकर पाण्डेय के चउथका फिलिम रंग दे बसन्ती चोला में अपना अभिनय के लोहा मनवा चुकल गोरखपुरिया स्टार मनोज मिश्र मिहिर के दूसरका भोजपुरी फिलिम दामाद चाहीं फोकट में मिलल बा. एह फिलिम में मिहिर का संगे पांच गो नायिका बाड़ी सँ.

दामाद चाहीं फोकट में के निर्माता आ निर्देशक आजमगढ़ के बाल किशन सिहं हउवन जे रियलिटी शो के शो मैन का रुप में जानल जाये वाला गजेन्द्र सिंह के छोट भाई हउवन. बालकिशन एकरा से पहिले पिया तोसे नैना लागे बना चुकल बाड़न.

मनोज मिश्रा मिहिर बतलवलन कि दामाद चाहीं फोकट में फिलिम में धन के महत्व देखलावल गईल बा. एगो नौजवान जब आपन पढ़ाई पूरा करके घरे आवऽता त ओकर बाबूओजी ओकरा के हिकारत से देखत बाड़न काहे कि ऊ बेरोजगार बा. कुछ दिन में ओह नौजवान के नौकरी एगो फाइनन्स कम्पनी मे लाग जात बा. जईसन कि आम जिनिगी में अकसरहां देखे के मिलेला ऊ कम्पनी लोगन के पईसा ले के भाग जात बिया आ तब कम्पनी में पईसा जमा करे वाला लोग ओह नौजवान के दऊड़ा लेत बाड़े. फेर कहानी कई गो दिलचस्प मोड़ लेत बिया आ आकिर ले फिलिम के रहस्य आ रोमांच जिन्दा रहत बा.

पूछला पर कि पांच गो नायिका के का जरुरत रहुवे मनोज मिश्रा मिहिर कहलन कि कहानी का जरुरत मुताबिक पांच गो नायिका लिहल गईल बा. पांचो नायक से बियाह करे के चाहत बाड़ी स आ एह चलते आपस में खूब झगड़त बाड़ी सन.

दामाद चाहीं फोकट में में मनोज मिश्रा मिहिर का अलावे राहुल प्रकाश, प्रणव त्रिपाठी उर्फ प्रिंस, अनिल शुक्ल, शिवा शर्मा, आर्य प्रिय, प्रिया सिंह, श्वेता मिश्रा, आ आरती पुरी वगैरह कलाकार बाड़े. फिलिम के गीत काजल आजमी आ के॰ रत्नेश के लिखल हऽ. संगीतो के॰ रत्नेशे दिहले बाड़े.


Now it is your turn for Feedback

Name:

Email address:

Feedback :

Referred By :


Powered by thesitewizard.com