भोजपुरी लस्टम पस्टम

16 Apr 2009

केतना पाकिस्तान

- जयन्ती पाण्डेय

एकदिन सबेरहीं लस्टमानंद के फोन बाजल. ओने उनकर एगो बहुत पुरान गंवई लाइन पर रहे. आजादी के पहिले गांव छोड़ के पाकिस्तान चल गईल रहे. असहीं कबो कबो सुना जाउ कि ओहिजा कवनो बड़हन पद परर पंहुच गईल बा. ऊहे फोन कइले रहे. आवाज मे पंजाबी टोन रहे बाकिर बोलत भोजपुरी रहे.

बोललसि, अरे मरदूद लस्टम, हम बोलऽतानी. बस साठे पैंसठ बरिस में भुला गईलऽ. एने लस्टमानंद हैरान, पूछले, भाई तूं कहवां से बोलऽ तारऽ?

अरे पाकिस्तान से. आउर कहां से?

भाई कवन पाकिस्तान से?

लऽ. सारा जहान में एके गो पाकिस्तान बा आ पुछऽतार कि कवन पाकिस्तान. बड़ा बुड़बक हउव तूं त.

ना भाई ना, आजु का जमाना में कई गो पाकिस्तान बा. अब इहे देखऽ कि एगो पाकिस्तान फौज के बा. जहां ओहि के हुकुम चली. एगो पाकिस्तान आईएसआई के बा जे कब केकरा के ढाह दी आ केकरा के कुर्सी पर बईठा दी, केहू नइखे जानऽत. जरदारी के पाकिस्तान बा, तालिबानी के पाकिस्तान बा, अलकायदा, लश्करएतोयबा के पाकिस्तान बा, ओसामा बिन लादेन के पाकिस्तान बा, मुल्ला मौलवी के पाकिस्तान बा. एतने ना. अमेरिका के पाकिस्तान बा जे हमेशा सिर झुकवले यस सर कहत रहेला. एगो चीन के पाकिस्तान बा जे ड्रैगन से बेसी खतरनाक बा. एगो अब्दुल कादिर के पाकिस्तान बा जे एटम बम के ताकत पर अईंठऽता. जहां तक साठ पैंसठ साल में भुला जाये के बात कहऽ तारऽ त भाई हमनी के सब दिन याद रहेला. १०४६ के हमला से लेके २६ नवम्बर २००८ ले रोज याद करे ला हर आदमी एह देश के. लेकिन तबहियों ना साफ होला कि ई कवन पाकिस्तान हऽ. लाहौर में शरीफ के पाकिस्तान संगे शांति वार्ता के बाद जइसे पुरूब का ओर मुँह कइले तसहीं मुसर्रफी पाकिस्तान कारगिल में ढुक गईल. एकरा अलावा दाऊद के पाकिस्तान बा, बैतुल्लाह के पाकिस्तान बा, गिलानी के पाकिस्तान बा. अब तूं बतावऽ कि कवना पाकिस्तान से बोलऽ तारऽ ?

जवाब देबे से पहिले ओने से लाइन कट गईल.