वन्स मोर रिमूव्ड

6 Nov 2008

डा॰ सरिता बुद्धू

श्रीमती सुन्देल प्रसाद झा के बनावल एक घंटा के डाकुमेन्टरी फिलिम हिला के राख देबे वाली बा.

वन्स मोर रिमूव्ड भारत के लवटति सफर के निर्मात्री सुन्देल प्रसाद झा पिछला २९ अक्टूबर के मारीशस के महात्मा गाँधी इंस्टीच्यूट का सभागार में कहली कि हम आजुवे खातिर न्यूयार्क से मारीशस अइनी हा आ हमरा बहुते खुशी मिलल एहिजा आ के.

अवसर रहे मारीशस आवे वाला गिरमिटिहा मजदूरन के आगमन के १७४ वीं साल गिरह २ नवम्बर आ साथही नया बनल इण्डियन डायस्पोरा सेण्टर के लोकार्पण. समारोह के मुख्य अतिथि मारीशस के संस्कृति आ मानव संसाधन मंत्री डा॰ बसंत बनवारी रहले. सेण्टर आ फिलिम देखि के बनवारी कहले कि शायद ई फिलिम देखि के हमहूं आपन जड़ भेंटा खोजे में लाग जाईं. फारस्टर का शब्दन में सभका जिनिगी में अगो टर्न आवेला आ फेर रिटर्न. समय समय पर अतीत का सफर पर निकलल जरुरी हो जाला.

वन्स मोर रिमूव्ड गुयाना मूल के एगो अमेरिकी के अपना जड़ का तलाश के सफरनामा हऽ. ओकर पूर्वज १२० साल पहिले भारत छोड़ गुयाना आईल रहलन जवना के ओह घरी डेमरा कहल जात रहे. वइसहीं जइसे मारीशस के मरीच देश. अपना सफर पर निकलल त न्यूयार्क से जार्ज टाउन, कोलकाता आ फेर मुजफ्फरपुर.

एह सफर में दरकार रहे दृढ़ इच्छा शक्ति के, लगन आ साहस के, जवन अमेरिका में रहे वाली एगो लड़की के पहिले अपना ममहर के सफर पर मुजफ्फरपुर आ फेर अपना बपसी के पूर्वजन के खोजे खातिर आजमगढ़ के लोहनपुर आ करता के सफर के पूरा कहानी अपना पूरा भावुकता का साथे दर्शकन का सोझा परोसल गईल बा.

पूरा विवरण पढ़े खातिर अंगरेजी में मूल पाठ पढ़ीं.