प्रभाकर गोपालपुरिया

ई राशिफल हमके जिए ना दी

सबेरे-सबेरे हम अखबार खोलते आपन राशिफल देखेनी अउर ओही आधार पर दिन के शुरुवात करेनी. खाली हमही नाहीं, हमार मलिकाइनियो टीवी खोलते पहिले उहे चैनल देखेली जहँवा से राशिफल आवत होखो. अरे भाई, उनकरा मालूम बा कि कब कवने-कवने चैनल से राशिफल देखावल जाले. अइसन बाति नइखे कि उनका राशिफल देखल बहुते अच्छा लागेला. ऊ त खालि हमार राशिफल देखेली, आपन ना. राशिफल देखले क बाद ऊ सीधे अउर साफ तौर पर हमके हिदायत दे देली कि आज के दिन हमरा कइसे काटे के बा.

आजु जब हमार यार बहोरन अइने हँ त हम उनसे कहनी हँ कि, यार, हम त राशिफल से परेशान हो गइल बानी. का करीं कुछ समझ में नइखे आवत. हमार यार कहने कि तूँ मरदवा एतना होशियार होखले की बादो राशिफल पर विस्वास करेलS ? इनकर बाति सुनि के हम कहनी की, दुर मरदे, अगर हम ना करब त के करी ? हमहुँ पंडिते हईं. हम कबो ना चाहबि कि राशिफल पर से लोग के विश्वास उठि जाव. अरे भाई केतने पंडितन क रोजी-रोटी के सवाल बा.

आगे हम कहनी, अरे यार, जब से ई राशिफल देखे के शौक पलले बानी, जिनिगी में भूकंप आ गइल बा. हमार यार कहने, उ काँहे ? हम कहनी, कल्हिएँ के बाति हS, अखबार खोलि के जब आपन राशिफल देखनी त ओमे साफ-साफ लिखल रहे कि, आजु वाहन के सुख लिखऽता, जतरा के आनंद मिली, दिन बहुते सुख से कटी. हमार इयार पूछने तब? हम कहनी, अरे का तब ? तबलेकहीं हमार मलिकाइन आ गइली अउर कहली, आजु रउआँ के घर से बाहर निकलले के ताक नइखे. हम पूछनी कि काँहे, त कहे लगली कि राउर आजु के राशिफल ठीक नइखे. अब्बे टीवी में देखनी हँ. हम पूछनी कि, का सुनलू ह तूँ ? त मलिकाइन कहे लगली, पंडिताइनजी बतावत रहली ह की आजु रउरा के जतरा में कष्ट लिखऽता. वाहन दुर्घटना होई. हम उनके अखबार देखवनी अउर कहनी की हेमें देखबु कि का लिखल बा त उ पिल परली अउर कहली कि अखबारे में गलती-सलती लिखेनेकुलि. टीवी में के सही होला. आजु कुछु हो जाव, रउआ के घर से बाहर नइखे निकले के. हम आपन कपार पकड़ि के बइठि गइनी.

अउर आजु के बाति सुनS यार. आजु एकदम सबेरवें मलिकाइन जब चाय ले के अइली त बहुते मुस्कियात रहली. हम पूछनी हँ कि का बाति बा, लड्डू फूटऽता ? त कहतारि कि आजु क रउरी राशिफल में बा कि परिवार क साथे घूमे गइल ठीक रही. कहीं होटल आदि में खाना खाईं अउर पूरा दिन परिवार क साथे बिताईं. अब तूँ बतावS, हम का करीं ? अउर एतने ना, ए राशिफल क वजह से हमरा महीना में सात-आठ दिन घर से बाहर परिवार क साथे बितावे के परऽता, रेस्टोरेंट में खइले के बिल चुकावे के परऽता. अब तS बॉसो क धमकी मिल रहल बा कि एहींगा छुट्टी लेत रहबि त बहुत जल्दिए ए कामे से हाथ धोवे के परी.

हमार ई बातन के सुनि के हमार यार कहने, खैर, अब का कइल जा सकेला. तूँ पंडित हवS त राशिफल अउर जोतिसाचार्य के अपमान ना क सकेलS, अउर भउजी राशिफल देखल ना छोड़ सकेली. काहें कि एही बहाने उनके बहारि बा, भले तोहरा खातिर जंजाल बा. बाकिर हँ तनि एगो काम करS. जवन हमरा उधार बा तोहरी पर दु हजार उ दे दS. हमरा एगो जरूरी काम बा अउर पइसा के बहुते दरकार बा. हम कहनी कि यार हम त तहई से आजुवो एक हजार करजा माँगे आवे के रहनी हँ, तवलेकहीं तूहीं आ गइलS. अउर हाँ, आजु हमरी मलिकाइन क अनुसार, नाहीं भाई राशिफल क अनुसार, लेन-देन कइल ठीक ना रही. हमार बाति सुनि के यार कहने कि, ठीक बा. आजु क बाद हमहुँ राशिफल देखले क बादे तोहके करजा देइबि. अउर उठि के चलि गइने हँS. आ हम आपन कपार खजुआवे लगनी हँS.

जय हो राशिफल बतावनिहार लोगीं. तोह लोगन से एक्के बिनती बा कि राशिफल बतवले से पहिले एक साथ बइठि के ई डिसाइड क ल जा कि आजु का बतावे के बा. काँहें हमरी जिनिगी में जहर घोलले पर टूटल बाड़ऽ जा.


प्रभाकर पाण्डेय 'गोपालपुरिया',
आई.आई.टी. बांबे