अपराधी संजय दत्त के एगो दोसरा मामिला में जमानत मिलल

फिलिम अभिनेता आ नाजायज असलहा राखे खातिर सु्प्रीमो कोर्ट से पाँच साल के सजा सुन चुकल संजय दत्त के एगो दोसर मामिला में मुंबई के एगो अदालत से जमानत मिल गइल. फिलिम निर्माता शकील नूरानी के धमकावे का मामिला में सुनवाई का दिने हाजिर ना होखला का चलते संजय दत्त का खिलाफ वारंट जारी हो गइल रहे. वारंट जारी भइला का बाद संजय दत्त अदालत में हाजिर हो के जमानत के गोहार लगवलें.

नूरानी संजय दत्त का खिलाफ मुकदमा कइले बाड़ें कि एगो फिलिम में काम करे खातिर पचास लाख रुपिया लिहला का बादो काम ना कइलें. ओही मुकदमा के वापिस लेबे खातिर संजय दत्त का तरफ से धमकी मिलला के शिकायत पर संजय के जमानत लेबे के पड़ल बा.

0 Comments

Submit a Comment