अमथुआं के एगो नवही के हत्या

डुमरांव जिला के कृष्णाब्रह्म थाना इलाका के अरियांव गाँव में मंगल का दिने एगो नवही के लाश मरही बधार पोखरा का लगे मिलल. मरल नवही पहचान अमथुआँ के पप्पू सिंह का रूप में भइल बा. बतावल जात बा कि मरे वाला नवही खुदहु अपराधी सुभाव के रहुवे आ कई मामिला में ओकर नाम शामिल बा पुलिस डायरी में. हालही में ऊ जमानत पर छूट के जेल से बाहर आइल रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *