आदि शक्ति इंटरटेनमेंट प्रस्तुत करतिया ‘वर्दी वाला गुण्डा’ निरहुआ के

भोजपुरी सिनेमा ला एगो अउर खुशखबरी. दुनिया के सबले बड़का पखावज वादक पंडित दुर्गा प्रसाद मजूमदार क कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट फेरू निरहुआ के फिलिमन से जुड़ल बिया आ उनुकर फिलिम ‘वर्दी वाला गुण्डा’ परोसे जात बिया.

आदि शक्ति इंटरटेनमेंट आ दिनेश लाल यादव निरहुआ के संगे होखला के मतलब बा कि ओह फिलिम के हिट होखे से केहू रोक ना पाई. एहसे पहिले आदि शक्ति इंटरटेनमेंट ‘लागल रहा ए राजा जी’, ‘दिवाना’, ‘दिलजले’, ‘दाग’, ‘निरहुआ चलल ससुराल’, ‘हो गईनी दिवाना तोहरे प्यार में’, ‘चलनी के चालल दुलहा’, ‘प्रेम के रोग भईल’, ‘सात सहेलियां’ अउर ‘निरहुआ नम्बर वन’ समेत भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के बीस गो फिलिम परोस चुकल बावे आ ‘दुश्मनी’ जइसन ब्लाक बस्टर फिलिमो बनवलसि.

दिनेशलाल यादव निरहुआ के फिल्म ‘वर्दी वाला गुण्डा’ परोसत खुद पंडित दुर्गा प्रसाद मजूमदार आ उनकर कंपनी आदि शक्ति इंटरटेनमेंट बहुते उछाह में बिया. मानल जात बा कि इहो फिलिम सफलता के नया रेकार्ड बनाई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment