उत्तर प्रदेश के खबर

(मंगल 27 सितम्बर)

  • एह साल सतवाँ बेर उफनाइल गंगा के लहर बलिया के दू सौ एकड़ खेत घोंट लिहलसि. रिकनी छपरा गाँव के वजूदे बिलाये जात बा. मझौंवा पचरुखिया में हाईवे पर खतरा मँडरात बा. बलिया शहर के महाबीत घाट इलाका में पानी भर गइल बा.
  • गाजीपुर में कर्मनाशा नदी तबाही मचवले बिया आ किनार पर बसल गाँवन में बाढ़ के पानी पसरल जात बा. सैकड़ों बिगहा धान के फसल एह पानी में डूब गइल बा.
  • सरकारी तंत्र के लापरवाही आ नालयकियत के खामियाजा ओह बेरोजगारन के भरे पड़ रहल बा जे शिक्षक पात्रता परीक्षा में शामिल होखल चाहत बा. हर जगहा लमहर लमहर लाइन, एकाध जगहा त एकहएक किलोमीटर लमहर, लागत बा आ बमुश्किल फार्म मिल पावत बा. बलिया में पंजाब नेशनल बैंक का दुनु शाखा का सोझा भारी भीड़ लागल बा आ बमुश्किल फार्म मिल पावत बा. फार्म मिल गइला का बाद लोग के पता चलत बा कि अब रोजगार कार्यालय के फेरा लगावे के पड़ी काहे कि फार्म में एक जगहा रोजगार कार्यालय में करावल निबंधन के जानकारी देबे के बा. होखे के चाहत रहे कि फार्म आन लाइन बाँट दिहल गइल रहित.
  • आगरा के आयकर आयुक्त होमी राजवंश के सीबीआई गिरफ्तार कर लिहले बिया. राजवंश पर नाफेड के एक सौ सड़सठ करोड़ के नुकसान करावे के आरोप बा जब ऊ आकर अपर प्रबंध निदेशक रहले. राजवंश का साथे उनुका चार गो सहयोगियनो के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • कई दिन से जारी बरखा सोमार का दिन से रूक गइला का बाद से पूर्वांचल के लोग राहत महसूस कइले बा. एह दौरान मकान ढहला से बत्तीस लोग मारल गइले आ संपति के बड़हन नुकसान भइल बा.
  • मायावती राजमार्गन के मरम्मत करावे खातिर प्रधानमंत्री के चिट्ठी लिखली. चिट्ठी का साथे ऊ राष्ट्रीय राजमार्गन के वीडियोग्राफी ओकरा के भेजले बाड़ी.
  • उत्तर प्रदेश में कई दिन से होखत बरखा का चलते बिजली उत्पादन में बाधा पड़ल बा आ राज्य में बिजली संकट हो गइल बा.
  • लखनऊ के बाहरी इलाका में मंगल का दिने एगो निजी बस से कचरा के एगो स्कूली छात्र के मौत हो गईल जवना का बाद खिसियाइल लोग से पुलिस के झड़पो होखे के खबर बा.
  • वाराणसी जिला में पुलिस दू गो तस्करन के 3 लाख रुपिया से अधिका के जाली नोट का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि.

0 Comments