कन्नौज उपचुनाव खातिर तीन गो परचा सही

लोकसभा के कन्नौज सीट पर होखे जात उपचुनाव खातिर दाखिल तीनो उम्मीदवार के परचा सही मिलल बा. मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के इस्तीफा से खाली भइल एह सीट से उनुकर पत्नी डिम्पल यादव के उम्मीदवार बनावल गइल बा. डिम्पल का खिलाफ कांग्रेस आ बसपा उम्मीदवार देबे से इंकार कर दिहलें जब कि भाजपा उम्मीदवार देबे के नौटंकी कर के रहि गइल. आखिरी घंटा में एगो उम्मीदवार के एलान भइल जे परचा ना भर पवलें. अब डिम्पल का खिलाफ मैदान में अजय कटियार आ दशरथ शंखवार रहि गइल बाड़न. नाम वापसी के तारीख नौ जून ले बा. अगर ओह दिन ले ई लोग मैदान में रहि गइल त चुनाव करावहीं के पड़ी.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।