वी एस संपत नया मुख्य चुनाव आयुक्त बनावल गइलें
-

साल २०१४ के लोकसभा चुनाव अब वी एस संपत का देखरेख में करावल जाई. रिटायर होखे जात एस वाई कुरैशी का जगहा संपत के केन्द्र सरकार नियुक्त कइले बिया. संपत आंध्र प्रदेश कैडर के साल १९७३ बैच के हउवें.

हालही में भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी कहले रहलें कि चुनाव आयुक्तन के नियुक्ति में विपक्षो के राय लेबे के चाहीं जवना बात के द्रमुक नेता करुणानिधि समर्थन कइले रहलें. बाकिर कांग्रेस के कहना रहल कि जब आडवाणी का जमाना में चुनाव आयुक्तन के नियुक्ति होखत रहे तब उनुका ई बाति काहे ना याद आइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts