हमनी के बारे में (अंजोरिया का बारे में)

जमाना कहाँ से कहाँ आ गइल! तेइस बरीस पहिले, जब बरीस 2003 में हम भोजपुरी भाषा में दुनिया के पहिलका वेबसाइट के शुरुआत कइले रहीं, तबहियों हमरा लगे कवनो तकनीकी जानकारी ना रहुवे। बस भोजपुरी से अगाध प्रेम आ एगो ललक रहे कि अपना मातृभाषा के दुनिया के मंच पर अंजोर (रोशन) कर सकीं। साधन आ संसाधन के कमी के चलते एकरा के बहुत मजगर भा पोढ़ ना बना सकनीं, बाकिर संतोष इहे बा कि अपना प्रेम के आजु ले जियवले-जोगवले रखले बानी।
अब कुछ ही दिन में अंजोरिया डॉटकॉम (Anjoria.com) अपना चौबीसवां बरीस में प्रवेश करे वाली बिया, त एकरा के आजु का जमाना का साथे ताल-मेल बइठा के चलल बहुते जरूरी बा।

एआई (AI) : अंजोरिया खातिर वरदान

तकनीकी दुनिया में आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (आर्टिफिशियल बौद्धिमत्ता) के आविर्भाव से बहुते लोग असहज भलहीं होखो, बाकिर अंजोरिया जइसन उपक्रम खातिर त ई देवी-देवतन के वरदान जइसन बा। बिना कवनो खरचा, भा बहुत कम खरचा में अब वेबसाइट चलावल आसान हो गइल बा। हमरा एहू बात के खुशी बा कि शुरुआत चैटजीपीटी (ChatGPT) से कइला का बाद, अब हमनी के गूगल एआई (Google AI) के भी भरपूर सहजोग मिल रहल बा। अब हम बहुते आसानी से प्रकाशन जोग स्तरीय सामग्री जुटा पाएब आ ओकरा के बेहतर तरीका से रउआ सभके समने परोसहूं में सफल होखब। धन्यवाद गूगल एआई आ चैटजीपीटी दुनू के!

संकट से उबरल आ मददगार लोगन के आभार

तेइस बरीस के अपना जिनिगी में अंजोरिया कइयन गो झंझा‌वातन से उबर के बचल रह गइल बिया, त ई देवी-देवता के कृपे से। ना त ‘ऐ छूंछा तोरा के पूछा’ वाला अंदाज में, हिकारत से देखे वाला लोगन का बीचो अपना अस्तित्व के बचवले रहि गइल अंजोरिया। अइसन में एकरा मौजूदा ‘भामाशाह’ लोगन के आभार जतावल बहुत जरुरी बा, जे एकर होस्टिंग अपना खरच पर करवा दिहले बाड़न (जे गुमनाम रहल पसंद करत बानी)। ना त हम त ऐलाने कर दिहले रहीं कि अंजोरिया के अब बन्द कर रहल बानी।
दोसर बड़हन सहजोग अमेरिका के टेक्सास से एगो पुरान नेही शैलेश मिश्रा कइलें, जे हमरा के एआई के सहायता लेबे के सलाह दिहले। उनुकर सलाह पर काम करत अब सचहूं लागत बा कि अंजोरिया के एगो नया जिनिगी मिल गइल बा। हमनी के इ सफर अइसहीं जारी रही!

About Us

The Journey of a Pioneer

Time flies, and technology evolves at a breathtaking pace. Twenty-three years ago, in 2003, when I launched Anjoria.com as the world’s very first website dedicated to the Bhojpuri language, I had absolutely no technical background. I had only a profound love for my mother tongue and a burning desire to showcase Bhojpuri literature on the global digital stage.

Due to a lack of resources and technical infrastructure, building a robust platform was a monumental challenge. Yet, the greatest satisfaction is that we successfully preserved and nurtured this labor of love for over two decades.

Overcoming the Storms

Surviving 23 years in the volatile digital world has been a rollercoaster ride full of adventure, thrill, and immense struggle. There came a critical breaking point two years ago when I formally announced the impending closure of Anjoria.com due to unsustainable costs.

However, the platform was saved by the grace of well-wishers. A passionate Bhojpuri lover stepped forward as a modern-day patron to fund our web hosting entirely at his own expense, choosing to remain anonymous. Another invaluable lifeline came from Shailesh Mishra, a long-time supporter based in Texas, USA, who strongly recommended integrating Artificial Intelligence into our workflow.

Embracing the Future with AI

While the rise of Artificial Intelligence (AI) makes many anxious, for a grassroots cultural platform like Anjoria, it is nothing short of a blessing. It has democratized digital publishing, making low-cost content creation highly accessible.
Today, we are proud to collaborate with two AI giants. Starting our initial experiments with ChatGPT, we have now also embraced Google AI to assist us in linguistic research, digital publishing, and creative visualization.
As Anjoria.com steps into its landmark 24th year, we are fully equipped to be as modern, competent, and digitally advanced as any global platform—keeping the flame of Bhojpuri heritage burning bright for generations to come.