सोस्ती सिरी पत्री लिखी पटना से-66
आइल भोजपुरिया चिट्ठी
लूर, लुफुत आ बाई तीनों मुअले प जाई

काकी आ लभेरन बतियावत रहे लोग तले काकी के बड़का नतिया दउरल आइल आ हाँफत-हाँफत कहे लागल- पकड़ी भीरी ढेर लोग बिटुराइल बा। ओहमें गरीब चाचा जोर-जोर से कहत रहले हा-
“कुकुर के पोंछि कबो सोझ होले? ऊ त जनमे के चुगुलखोर हटे। ओकर लुफुत असहीं छूट जाई? लूर, लुफुत आ बाई, तीनों मुअले प जाई।”
अतना प छोटका नतिया अपना मइया से ओकर माने पूछि दिहलसि। काकी बतावे शुरू कइली-
“लूर माने सुभाव, लुफुत माने खराब आदत अउर बाई माने वात विकार के कष्ट माने गोड़-हाथ के दरद। ई तीनों पकड़ा गइल त मुअला का बादे जाला माने जल्दी सुधरे ना। ई तीनों चीज जिनगी भर आदमी का साथे लागल रहेले आ ओकरा से पूरा छुटकारा पावल बहुत कठिन बा।”
अब काकी लभेरन ओर घुमली आ उनुका से कहली कि “तनी एकर असली अरथ बताव।” लभेरन बतावे शुरू कइले।
‘लूर’ के अरथ होला- हुनर, बुद्धि, सलीका भा तरीका। संस्कृत का लोच् भा लोक् धातु से बनल एह शब्द के माने होला ‘देखल’, ‘बिचारल’ भा ‘परखल’। एही से लोचन (आँखि, दृष्टि) आ आलोचन (विचार कइल, परखल) बनल बा। ‘देखे भा परखे के नजर’ से विकसित होके ई शब्द ‘कवनो काम के ठीक से परखे आ करे के समझ’ माने हुनर भा सलीका बन गइल। जेकरा लगे ई परख नइखे, ऊ भोजपुरी में ‘बेलूरा’ कहाला।
‘लुफुत’ शब्द अरबी-फ़ारसी के शब्द ‘लुत्फ़’ से विकसित भइल बा। एकर माने होला आनंद, मजा, चस्का भा स्वाद। लोक-समाज में ‘मजा भा चस्का’ खराब आदत, व्यसन भा ऐब खातिर रूढ़ हो गइल बा। एही से कवनो नशा, ताक-झाँक भा छिछोरापन का आदत के ‘लुफुत’ कहल जाला।
‘बाई’ शब्द संस्कृत का ‘वात’ शब्द से विकसित तद्भव शब्द हटे। एकर माने हटे- हवा, भा आयुर्वेद का त्रिदोष (कफ, पित्त आ वात) में से एगो दोष। आयुर्वेद में गठिया, पक्षाघात, संधिशूल आदि शरीर में 80 प्रकार के ‘वात रोग’ मानल गइल बा। भोजपुरी में एकरे के ‘बाई’ कहल जाला।
अब त दूनो नतिया एके सुर में लभेरन से कहले सन- “चाचा, तनी नीमन से हमनी के समुझाईं, ई संस्कृत-उर्दू हमनी माथा का ऊपर से चलि गइल।”
लूर आदमी के सुभाव आ सहज प्रवृत्ति के कहल जाला। ‘लूर’ बुद्धि, हुनर भा काम करे के तरीको के कहल जाला। बाकिर एह कहाउत में ‘लूर’ शब्द आदमी का सुभाव, ओकरा भीतर के सहज प्रवृत्ति आ बेवहार का ढंग से जुड़ल बाटे। मए आदमी के सुभाव अलगा-अलगा होला। केहूँ सहज आ मिलनसार होला, केहूँ जिद्दी, केहूँ क्रोधी, त केहूँ बात-बात पर हँसे वाला होला। समय आ परिस्थिति का असर से बेवहार में बदलाव त आ जाला, बाकिर सुभाव जल्दी ना छूटे। एही से कहाला कि आदमी के लूर ओकर जिनगी भर के सँघतिया होला।
लुफुत खराब आदत भा अनुचित आचरण के कहल जाला। लुफुत अइसन चीज हटे कि एक बेर धइ लिहलसि त हाली छोड़े ना। एही से नु कहल जाला कि चोर चोरी से जाई, बाकिर तुंबाफेरी से ना जाई। केहूँ के झूठ बोले के आदत होले, केहूँ के बात एने के ओने करे के, केहूँ के दोसरा का काम में टाङ अड़ावे के। आदत के छोड़ल असंभव नइखे, बाकिर ढेर दिन के पुरान आदत छोड़ल आसानो नइखे। एकरा खातिर आत्मसंयम, अभ्यास आ लगातार प्रयास करे के परेला। एह से एह कहाउत में गाभी मारल गइल बा कि आदमी जब तक जिएला, तब तक ओकर लुफुत ओकर सङ ना छोड़े।
बाई वात-विकार से होखे वाली देंहि के तकलीफ हटे। जइसे, जोड़ के दरद, कमर में दरद, देंहि में अइँठन ओगैरह। उमिर बढ़ला से भा हाथ-गोड़ कम चलवला से, देंहि में एह तरह के दरद होखत रहेला। अइसन बात नइखे कि एह रोग के इलाज नइखे, टारत रहला का चलते ई बाद में असाध्य रूप धइ लेले। एही से एकरा के जिनिगी भरि के सुख रोग कहल गइल बा।
एक तरह से कहल जाउ त एह कहाउत में लोक-अनुभव का सङे-सङे हास्य आ व्यंग्यो बाटे। आदमी कतनो समझदार हो जाउ, ओकर उमिरि कतनो बढ़ि जाउ, ऊ कतनो दुनिया देखि लेउ बाकिर ओकर कुछ मूल प्रवृत्ति आ आदत जल्दी ओकरा से छूटे ना। बाई वाला देंहि के कष्टो अइसने बा। ‘तीनों मुअले पर जाई’ के माने ई ना भइल कि मए सुभाव, मए खराब आदत आ सभे दरद जिनिगी भरि रहबे करी। एकर मतलब ई भइल कि इहनी से जल्दी छुटकारा ना मिलेला।
अतना प काकी कहली कि एकरा से मिलत-जुलत मुहावरा के वाक्य में प्रयोग सुनऽ लोग हमरा से।
“पढ़ला-लिखला से का होई जब लइका के लूरे-लच्छन नीमन नइखे।”
“हमरा के बेसी लूर मत सिखाव, अपना काम से काम राख।”
“ओकरा मुँह चलावे के अइसन लुफुत धइले बा कि जब ले ऊ दू बात बोल ना दी, तब तक ओकरा भात ना पची।”
“एक जगह थिर होके बइठऽ ना, तोहरा बाई मरले बिया, तबे से छटपटात बाड़?”
“दू डंटा परी त मए बाई झरि जाई।”

0 Comments